भारतीय वायु सेना (IAF) के सोवियत काल के ट्रांसपोर्ट एयरक्राफ्ट एएन-32 के जगह अब यूरोपीय कंपनी एयरबस के सी-295 विमान लीहें। हालांकि, एह विमान के निर्माण भारत में ही कइल जा रहल बा। वायु सेना के एक अधिकारी बतवलें कि भारतीय वायु सेना अपने परिवहन बेड़ा आधुनिक बनावे के तैयारी कs रहल बा, जेकरे तहत ई अहम बदलाव कइले पs विचार कइल जा रहल बा।
वायु सेना के एगो अधिकारी के मुताबिक, सी-295 मध्यम परिवहन विमान के टाटा एडवांस्ड सिस्टम्स लिमिटेड (TASL) अउर यूरोपीय फर्म एयरबस डिफेंस एंड स्पेस द्वारा भारत में बनावल जाई। बता देईं, हालही में प्रधानमंत्री मोदी गुजरात के वडोदरा में सी-295 ट्रांसपोर्ट एयरक्राफ्ट प्लांट के नींव रखले रहनें। देश के पहिला मिलिट्री ट्रांसपोर्ट एयरक्रॉफ्ट गुजरात के एही प्लांट में बन के तैयार होई।
सी-295 पर बन रहल बा आम सहमति
वायुसेना के एगो अधिकारी नाम न छपले के शर्त पर बतवलें कि, वायु सेना के एह कदम के 1960 में परिवहन बेडा में शामिल एवरो-748 विमानों के बदलाव के रूप में भी देखल जा रहल बा। उहवें, अधिकारियन के इहो कहनाम बा कि एएन-32 के जगह सी-295 विमान पर आम सहमति बन रहल बा।