Raghav Chadha : “खामोश करावल गइल बानी, हारल नइखी” : राज्यसभा में बोलला से रोकला पs राघव चड्ढा के प्रतिक्रिया

Share

सेंट्रल डेस्क। आम आदमी पार्टी अपना राज्यसभा सांसद राघव चड्ढा के बियफे के बड़ झटका देत उनका के उच्च सदन में पार्टी के उपनेता पद से हटा देलस। एकरा संगही पार्टी इहो कहले बिया कि उनका के सदन में बोले खातिर समय ना दिहल जावs।

एह फैसला पs अब राघव चड्ढा प्रतिक्रिया देले बाड़ें। ऊ X (ट्विटर) पs लिखलें- “खामोश करावल गइल बानी, हारल नइखी।”

हम तs आम आदमी के मुद्दा उठवनी

राघव चड्ढा कहलें कि जब राज्यसभा में बोले के मवका मिलल, ऊ हमेसा आम आदमी से जुड़ल मुद्दा उठवले बाड़ें। ऊ सवाल उठवलें- “का हम गलत बानी? काहे केहू हमार आवाज दबावल चाहत बा?”

ऊ आगे कहलें कि “हम रउआ लोग से बानी आ रउआ लोगन खातिर बानी। जे लोग हमरा के रोके के कोसिस कइलस, ऊ लोग इयाद रखे- हमार खामोसी के हार मत समझीं, हम दरिया बानी, समय आवे पs सैलाब बन जाई।”

का बा पूरा ममिला

आम आदमी पार्टी अब राघव चड्ढा के जगह अशोक मित्तल के राज्यसभा में उपनेता बना देले बिया। पार्टी राज्यसभा सचिवालय से कहले बिया कि चड्ढा के बोले खातिर समय ना दिहल जावs।

एह बीच राघव चड्ढा एगो वीडियो शेयर कइले बाड़ें, जवना में उनकर राज्यसभा में दखल (intervention) देखावल गइल बा आ ओकर कैप्शन “बुरा नजर” रखल गइल बा।

राजनीति गरमाइल

एह मुद्दा पs राजनीति तेज हो गइल बा। दिल्ली भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष वीरेंद्र सचदेवा एह फैसला पs सवाल उठवले बाड़ें। ऊ अरविंद केजरीवाल पs निशाना साधत कहलें कि ई पार्टी के अंदरूनी संकट आ कमजोर नेतृत्व के संकेत बा।

सचदेवा कहलें कि कवनो पार्टी के आपन नेता चुने के अधिकार होला, बाकिर कवनो सांसद के ना खाली पद से हटावल जावs, बलुक ओकरा के बोले से रोकल जावs ई बहुते असामान्य बा। ऊ इहो कहलें कि एकरा से साफ बा कि राघव चड्ढा आ केजरीवाल के बीच दूरी बढ़ गइल बा।

ऊ आगे कहलें कि पहिले स्वाति मालीवाल आ अब राघव चड्ढा जइसन नेता दूरी बना रहल बा लोग, जवन पार्टी खातिर गंभीर संकेत बा।

Read Also: Fuel Crisis : LPG सिलिंडर पs अफवाह फइलवला पs केंद्र सरकार के सख्ती, सब राज्यन के रोज ब्रीफिंग करे के सलाह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-