मरला के बाद कवन अंग कब तक जिंदा रहेला? पूरा सूची देखी

Share

मनुष्य के शरीर के कई गो अंग बा जवन मरला के बाद भी जिंदा रहेला। रउरा ई जान के हैरान होखब कि कुछ अंग अइसनो होला जवन कुछ साल ले भी जिंदा रहेला।

मानव शरीर के अंग : जब कवनो आदमी के मौत हो जाला त ओकर लाश या त जरा( जाला )या फिर दफन क दिहल जाला। अइसने में रउरा ई जान के हैरान होखब कि आदमी के मौत के बाद भी कुछ अंग अइसन होखेला जवन कि कई घंटा तक जिंदा रहेला। एकरा अलावे कुछ अंग अइसन बा जवना के जीवन मरला के बाद कुछ साल तक चलेला। त आई हमनी के एकरा बारे में जानें के ।

आँख बंद होखला के बाद भी जिंदा रहेला

एक बेर आदमी के मौत हो गइला के बाद ओकरा शरीर के बहुत अंग काम कइल बंद क देवेला। जइसे-जइसे आदमी के दिल के धड़कन बंद हो जाला, ओकरा दिमाग में ऑक्सीजन के आपूर्ति भी बंद हो जाला। कुछ अंग अइसनो बा जवन जिंदा रहेला । जवना में आँख भी शामिल बा। आदमी के मौत के बाद 6 से 8 घंटा तक इंसान के आंख जिंदा रहेला। हालांकि, जदी कवनो आदमी आपन आंख दान कइले बा त ओकरा मौत के 6 घंटा के भीतर ओकर आंख निकालल जरूरी बा।

 ई अंग भी काम करत रहेला

आदमी के मौत के बाद ओकर आंख के अलावे किडनी, दिल आ लिवर के भी प्रत्यारोपण कइल जाला। मरला के बाद भी एह अंगन के कोशिका काम करत रहेला। जइसे कि ओह आदमी के मौत के 4 से 6 घंटा बाद ओकर दिल दोसरा मरीज में प्रत्यारोपित कर दिहल जाला । जबकि ओह आदमी के किडनी 72 घंटा तक जिंदा रहेला आ लिवर 8 से 12 घंटा तक जिंदा रहेला।

 इ अंग कुछ साल तक जिंदा रहेला

शरीर के जीवित अंग के बात करत हम बताई कि कवनो आदमी के मौत के बाद ओकर त्वचा आ हड्डी के लगभग 5 साल तक जिंदा राखल जा सकता। अंगदान खातीर काम करेवाला संस्था डोनेट लाइफ के वेबसाइट के मुताबिक, आदमी के दिल के वाल्व के मौत के बाद 10 साल तक जिंदा राखल जा सकता।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-