Hongkong Open : पीवी सिंधू कइली निराश, निचला रैंकिंग वाली दानिश खिलाड़ी से हारके भइली बाहर

Share

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क। भारत के दू बेर के ओलंपिक मेडलिस्‍ट बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधू बुध के हांगकांग ओपन से बाहर हो गइली। सिंधू के डेनमार्क के गैर वरीय लाइन क्रिस्‍टोफरसन तीन गेम में मात देली।

पिछला महीना बीडब्‍ल्‍यूएफ वर्ल्‍ड चैंपियनशि के क्‍वार्टर फाइनल में शिकस्‍त झेले वाली सिंधू के हांगकांग ओपन के अंतिम-32 के मुकाबलस में दानिश शटलर के हाथे 21-15, 16-21, 19-21 के अंतर से शिकस्‍त झेले के पड़ल।

25 साल के क्रिस्‍टोफरसन के खिलाफ छव मैचन में सिंधू के ई पहिला हार रहल। ऊ एक घंटा से कम अवधि में मुकाबला गंवा बइठली। सिंधू एह साल स्विस आ जापान ओपन से जल्‍दिये बाहर भइल रहली। ऊ वर्ल्‍ड चैंपियनशिप के क्‍वार्टर फाइनल में पहुंचके फॉर्म में वापसी के संकेत देले रहली। बाकिर ऊ हांगकांग ओपन में दमदार प्रदर्शन करे में कामयाब ना हो सकली।

पहिला गेम में सिंधू के जलवा

पीवी सिंधू पहिला गेम में 3-1 के सुरुआती बढ़त बनवली, बाकिर दानिश शटलर दमदार वापसी कs के स्‍कोर 5-5 से बराबर कs देली। फेर सिंधू एक अंक के आपन बढ़त के कायम रखत स्‍कोर 14-13 कs देली। इहां से भारतीय शटलर अपना खेल के आउर निखरली आ पहिला गेम छव अंक के अंतर से जीत लेली।

गलती पड़ल भारी

पीवी सिंधू दूसरको गेम में 13-12 के बढ़त बनाके रखले रही आ लागत रहे कि ऊ लगातार छठा बेर दानिश खिलाड़ी के मात दे दिहें, बाकिर भारतीय शटलर के आपन गलती भारी पड़ गइल। सिंधू लगातार पांच अंक गंवा देली आ दूसरका गेम पांच अंक के अंतर से गंवा देली।

रोमांचक गेम में पिछड़ली सिंधू

दूनो खिलाड़‍ियन के बीच निर्णायक गेम कड़ा टक्‍कर वाला रहल। दूनो खिलाड़ी 19-19 के स्‍कोर के बराबरी पs रहे लोग। तब क्रिस्‍टोफरसन लगातार दू अंक हासिल कs के सिंधू के अभियान समाप्‍त कs देली।

डबल्‍स जोड़‍ी कइलस निराश

पीवी सिंधू के अलावा रुतुपर्णा पांडा आ श्‍वतपर्णा पांडा के महिला डबल्‍स जोड़ी के हांगकांग के ओई की वनेसा पांग आ सुम याउ वोंग के हाथन 15-21, 9-21 से शिकस्‍त मिली। भारतीय जोड़ी ई मुकाबला खाली 28 मिनट में गंवा देलस।

ओहिजा, मिक्‍स्‍ड डबल्‍स में ध्रुव कपिल आ तनिषा क्रास्‍तो के चीनी ताइपे के चेन चेंग कुआन आ सू यिन हुई के हाथन 16-21, 11-21 से शिकस्‍त मिलल। भारत के मिक्‍स्‍ड डबल्‍स जोड़ी खाली 31 मिनट कोर्ट पs टिकल।

Read Also: France Protests : नेपाल के बाद अब फ्रांस में बवाल, सरकार के खिलाफ सड़कन पs प्रदर्शनकारी; 200 गिरफ्तार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-