केमिकल वाला Aloe vera gel लगावे से बेहतर बा होममेड, बनावे के तरीका ह बहुत आसान

Share

एलोवेरा जेल कईसे बनावल जाला : आज हमनी के इहाँ बताईब जा कि घर में एलोवेरा जेल कईसे बनावल जाला, ताकि आप भी एकर फायदा उठा सकी। त आईं ओह बारे में जानल जाव।

इ एगो ब्यूटी प्रोडक्ट ह जवन कि चेहरा प लगावे प त्वचा के कस देवेला (स्किन टाइटनिंग) के संगे-संगे चमक भी बनल रहेला। लेकिन बाजार से आवे वाला केमिकल एलोवेरा जेल लगावे के बजाय चेहरा प घर के बनावल एलोवेरा जेल लगावल निमन बा। एकरा से कवनो दुष्प्रभाव ना होई। अयीसना में आज हमनी के इहाँ बतावत बानी जा कि घर में एलोवेरा के जेल कईसे बनावल जाला, ताकि आप भी एकर फायदा उठा सकी। त आईं ओह बारे में जानल जाव।

एलोवेरा जेल कईसे बनावल जाला

एकरा के बनावे खातिर एलोवेरा जेल के कुछ पत्ता, विटामिन सी अवुरी ई कैप्सूल के संगे-संगे शहद के एगो छोट चम्मच के जरूरत होखेला। अब पतई धो के बर्फ के पानी में भिगो लीं। एकरा बाद बीच से पत्ता काट के जेल निकाल लीं। अब बाकी बतावल सामग्री के ब्लेंड क के बढ़िया से जेल करीं। अब एकरा के एगो बर्तन में स्टोर क के फ्रिज में रख दीं। इ जेल लगभग 6 महीना तक चल सकता।

एह तरह से जेल लगाईं

एलोवेरा जेल के एगो बड़ पत्ता तोड़ के जेल निकाल लीं, ओकरा बाद ओकरा में दु चुटकी हरदी मिला लीं। एकरा बाद ए हर्बल पैक के 15 मिनट तक चेहरा पे लगा के सूखे छोड़ दीं। एकरा बाद साफ पानी से चेहरा धो के ओकरा बाद चेहरा पे हल्का मॉइस्चराइजर लगाई। एकरा बाद आपके चेहरा पe ताजगी महसूस होई।

एकरा में विटामिन ए, सी, ई, फोलिक एसिड, कोलाइन, बी 1, बी 2, बी 3 अवुरी बी 6, बी 12 ) पावल जाला। एकरा अलावे 20 प्रकार के खनिज जवना में कैल्शियम, कैल्शियम, मैग्नीशियम, जिंक, क्रोमियम, सेलेनियम, सोडियम, आयरन, पोटैशियम, कॉपर अवुरी मैंगनीज शामिल बा।

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-