हिना खान बनली ‘दुल्हिन’! कैंसर से जंग के बीच लाल जोड़ा पहिर कइली रैंप वॉक 

Hina khan

Share

टीवी अभिनेत्री हिना खान अपना जिनिगी के कठिन समय से पूरा हिम्मत से लड़त बाड़ी। उऽ स्तन कैंसर के तीसरा चरण से जूझत बाड़ी। उनकर पांच गो कीमोथेरेपी इलाज हो चुकल बा आ अबहीं तीन गो बाचल बा। एह दर्दनाक इलाज के बीच भी उऽ आपन भावना के कायम रखले बाड़ी आ जब उऽ दुल्हिन के पोशाक में रैंप पs चलली तऽ सभकर नजर उनका प टिकल रहे। एक ओर उनकर सुंदरता पs प्रशंसक  फिदा हो गइले, जबकि दूसरा ओर उनका हिम्मत के उदाहरण के तौर पs मिसाल दिहल जात रहे।

हिना खान के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा आ प्रशंसक उनकर तारीफ करत थक नइखन पावत। लाल रंग के ड्रेस पहिन के हिना बहुत सुन्दर लागत बाड़ी। एक पल खातिर उनका ओर देखला प विश्वास ना होई कि उऽ कैंसर जइसन गंभीर बेमारी से लड़तारी। जब उऽ पूरा भरोसा आ उत्साह से रैंप पs चलली तऽ सभकर नजर उनका पs टिकल रहे।

अब 36 साल के हिना खान सोशल मीडिया पs अपना फैंस के स्वास्थ्य से जुड़ल अपडेट देत रहेली। कैंसर के बाद पहिला बेर रैंप वॉक के वीडियो शेयर करत उऽ कैप्शन में लिखली कि, ‘हमार बाबूजी हमेशा कहत रहले कि, पापा के मजबूत लइकी, रोअत बच्चा मत बन, अपना समस्या के शिकायत कबहूँ मत करीं, आपन जीवन नियंत्रण राखी।’

हिना खान के भाउक पोस्ट

‘ये रिश्ता क्या कहलता है’ धारावाहिक में अक्षरा के भूमिका निभावे के घर के नाम बनल हिना आगे लिखले बाड़ी कि, ‘ एहिसे हम रिजल्ट के चिंता छोड़ देनी, बस उहे ध्यान देनी जवन हमरा नियंत्रण में बा, बाकिर अल्लाह पs छोड़ दीं। ‘उ राउर प्रयास देखत बाड़े आ राउर दुआ सुनत  बाड़े आ रउआ दिल के जानत बाड़े।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-