‘क्योंकि सास भी कभी बहू थी’ फेम एक्टर विकास सेठी के हार्ट अटैक से मौत

विकास सेठी

Share

टीवी इंडस्ट्री से एगो दुखद खबर सामने आ रहल बा। सुप्रसिद्ध फेम एक्टर विकास सेठी अब हमनी के साथे नइखन। महज 48 साल के कम उमिर में उऽ आखिरी सांस लिहले। ‘क्योंकी सास भी कभी बहु थी’ के फेम एक्टर विकास सेठी के एतवार के दिने निधन हो गइल। अचानक मौत के खबर से लोग चौंक गइल बा। मौत के कारण हार्ट अटैक बतावल जाता। हालांकि खबर लिखे के समय तक परिवार के ओर से कवनो बयान जारी नइखे भइल।

दोसरा ओर विकास सेठी के असामयिक निधन के चलते टीवी इंडस्ट्री में शोक के लहर मचल बा। सेठी एगो लोकप्रिय टीवी अभिनेता रहले। उऽ स्मृति ईरानी आ एकता कपूर के लोकप्रिय टीवी शो ‘क्योंकि सास भी कभी बहु थी’ में काम कइले बाड़न। ई शो साल 2000 में शुरू भइल रहे। ई शो करीब आठ साल ले चलल। साथही विकास सेठी ‘कहीं तो होगा’ धारावाहिक खातिर भी खबर में रहलें। एकर शुरुआत साल 2003 में भइल रहे।

- Sponsored Ads-

एकरा साथ ही उऽ कई गो टीवी शोज में कइले। ‘कहीं तो होगा’, क्यों होता है प्यार , ‘कसौटी जिंदगी के’, ‘गुस्ताख दिल’, ‘जरा नचके दिखा’, ‘दो दिल बंधे एक डोरी से’ और ससुराल सिमर का’ जइसन शोज में अपना एक्टिंग से फैंस के दिल जीतले बाड़न। एकरा अलावा कई गो फिल्मों में काम के आपन किस्मत अजमवले रहलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-