युवा विजय संकल्प रैली में पीएम मोदी बोललें- हिमाचल के वैश्विक फार्मा हब बनावल जाई
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि हिमाचल न आ पवलें के मलाल बा। ई जनता के प्यार ह कि उ भारी बारिश में कुर्सियन के छाता बना के ठाढ़ बानें। मंडी में हो रहल आयोजन युवा लोग के जोश के प्रतीक बा। दुनिया में भारत के साख जइसन बढ़ रहल बा। एही से दुनिया हमसे जुड़े खातिर उत्सुक बा। कुल्लू शॉल, चंबा चप्पल के जीआई टैग मिलल बा। विश्व में ई उत्पाद आपन जगह बनवले बा। जब्बो विदेशी दौरा होत रहे त हिमाचल के उत्पाद उपहार में देत रहनी, ताकि उनके बता सकीं कि कौने तरह से हम हिमाचल से जुड़ल बानीं। हिमाचल के वैश्विक फार्मा हब बनावल जाई। हिमाचल प्रदेश किसान- बागवानन के राज्य ह। एके केंद्र के नीतियन से बल मिल रहल बा। युवा लोग के रोजगार मिल रहल बा।
हमनी के सरकार नेशनल हाईवे खातिर सात गुना राशि दिहले बा। प्रदेश में विकास हो रहल बा। केंद्रीय बजट में पहाड़ी क्षेत्र में रोपवे के बढ़ावा दे रहल बा। सरकार युवा लोग के कई नीति बनवले बा। हिमाचल ओह प्रदेश में बा जौन ड्रोन नीति बनवले बानें। देश के अगवानी करे खातिर जयराम ठाकुर बधाई के पात्र बानें।
पीएम मोदी कहलें कि मिलल-जुलल सरकार से देश के नुकसान होला। राज्य में विकास खातिर स्थिर सरकार जरूरी बा। हिमाचल के विकास भाजपा ही कs सकsतीया। केंद्र सरकार हाटी समुदाय के एसटी के दर्जा दिहले बा। एह क्षेत्र के लोग के दशक से चलत आ रहल मांग के भाजपा सरकार पूरा कsके देखवले बा। मोदी कहलें कि बिलासपुर के एम्स बन के तैयार हो गइल बा। मोहाली में हालही में शुरू कइल गइल कैंसर अस्पताल के हिमाचल के सबसे ज्यादा लाभ होई।
हिमाचल के लोग के जोश, उमंग, उत्साह यूं ही बढ़ता रही। हमके विश्वास बा। हम फिर क्षमा चाहतनी। आपके आशीर्वाद हमरे खातिर बड़ ऊर्जा बा। हमनी के प्यार में मौसम भी बीच में नाइ आ सकsता। भीग गइल बाड़s जा। धेयान रखिहs। घर ध्यान से लौटिहs।
मंडी के पड्डल मैदान में भाजपा के युवा विजय संकल्प रैली में मौसम खराब होखले के कारण पीएम नरेंद्र मोदी नाइ आ पवलें। ऊ दिल्ली से वर्चुअल माध्यम से संबोधन करत रहलें। एसे पहिले पीएम नरेंद्र मोदी के अगोरा होत रहे। रैली स्थल पर तेज बारिश होखला पs मंच से अपील कइल गइल कि बारिश चाहे जेतना तेज हो जाई, स्थल छोड़ के न जाएं।
बारिश से बचले खातिर लोग कुर्सी मूड़ी पर रख लिहल। एसपीजी रैली स्थल पर छाता ले गइले पर प्रतिबंध लगवले रहने। कमरुनाग एह क्षेत्र में बारिश के देवता हवें। बीतल दिन कमरुनाग के मंदिर में पूजा-अर्चना भी कइल गइल रहे।
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ट्वीट कइलें- भाजयुमो के युवा विजय संकल्प रैली में शामिल होखे खातिर हमनी के ऊर्जावान कार्यकर्ता लोग उत्सुक बा। भाजपा सरकार युवा शक्ति के सशक्त बनावे अउरी उनके आत्मनिर्भर बनावे के उद्देश्य से कई पहल कइले बा।
#WATCH | Himachal Pradesh: People gather at Paddal Maidan in Mandi where 'Yuva Vijay Sankalp Rally' will be held today. Prime Minister Narendra Modi will address the rally. pic.twitter.com/WTI9HNikwM
— ANI (@ANI) September 24, 2022
Comments are closed.