Himachal Cloudburst: हिमाचल में बादल फटला से तबाही, मंडी में 10 लोगन के मौत, 406 सड़क बंद

Share

शिमला। हिमाचल प्रदेश में मंगर के 11 जगहन पs बादल फाट गइल। एह चलते 20 मकानन के नुकसान होखला के संगे 15 पशुशाला के नुकसान भइल। प्रदेश में बरखा के बाद 406 सड़क बंद हो गइल। एकरा अलावे प्रदेश में 1515 ट्रांसफार्मर खराब हो गइल बा, जबकि लगभग 171 पेयजल योजना के नुकसान पहुंचल बा।

प्रदेश में बीतल 24 घंटा के दौरान सबसे जादे वर्षा मंडी जिला के संधोल में 223.6 मिलीलीटर भइल। प्रदेश में अधिकतम तापमान में एक से दू डिग्री के गिरावट आइल बा। कांगड़ा में मंगर के अधिकतम तापमान सामान्य से 11 डिग्री नीचे दर्ज कइल गइल। प्रदेश में सबसे ढेर तापमान धौलाकुआं में 31.5 जबकि ऊना में 31.4 डिग्री दर्ज कइल गइल।

ऊना के साथे लागल बसाल गांव में इस्थित स्वां नदी में मछली पकड़े गइल पांच प्रवासी जलस्तर बढ़ला से बीच में फंस गइल लो। सूचना मिलला पऽ पुलिसकर्मी आ गृहरक्षक करीब सवा दू घंटा बाद ओह लोगन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल। सोलन शहर के कोटलानाला में मंगर के दुपहरिया बाद एगो निर्माणाधीन भवन के संगे पहाड़ी से भूस्खलन होखला के कारण उहां काम पs लागल मजदूर बाल-बाल बच गइल लो।

मंडी में 7 स्थानन पs बादल फटल

ओहिजा, मंडी जिला में मंगर के बादल फटला से जान-माल के भारी नुकसान भइल। गोहर, करसोग, थुनाग आ धर्मपुर उपमंडल में सात स्थानन प बादल फटला से मकान जमींदोज होखला aa बाढ़ के पानी में बहला से 10 लोगन के मौत हो गइल जबकि 30 लोग लापता बा। गोहर उपमंडल में पांच, सराज में चार व करसोग में एगो व्यक्ति के मौत भइल बा।

ग्रामीण आ प्रशासन 132 लोगन के बचावल गइल। गोहर उपमंडल के स्यांज क्षेत्र में ज्यूणी खड्ड में आइल सैलाब में दू घर समा गइल। एकरा से झाबे राम आ पदम देव समेत उनका परिवार के नव सदस्य बह गइलें। एमे देवकू देवी के शव कांगड़ा जिला के देहरा आ उमा देवी के जोगेंद्रनगर उपमंडल में ब्यास नदी के किनारे मिलल। लापता लोगन के तलाश में एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के सर्च अभियान चलत बा।

Read Also:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-