Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली में तेज बरखा, मौसम विभाग द्वारा जारी ‘येलो अलर्ट’

265
Google Ads 300*250 for posts

 

देश के राजधानी दिल्ली में बुध के भारी बरखा भईल। खबर के मुताबिक मौसम विभाग भी भारी बरखा के बाद येलो अलर्ट जारी कs देले बा। बता दीं कि पिछला 2-3 दिन से दिल्ली के लोग नमी के चलते परेशान रहे, एही से बरखा से निश्चित रूप से कुछ राहत मिलल बा।  बता दीं कि मौसम विभाग राष्ट्रीय राजधानी में बरखा के अंदाजा लगा चुकल रहे। बुध के दिने न्यूनतम तापमान 25.2 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल आ मौसम विभाग एह दिन बरखा आ गरज के अंदाजा लगवले रहुवे. एकरा से पहिले मंगल के बहुत दिन बाद दुपहरिया में तेज सूरज के रोशनी रहे जवना के चलते लोग बहुत गरमी अवुरी नमी महसूस करत रहले।

मौसम विभाग बुध के सापेक्षिक आर्द्रता के स्तर 85 प्रतिशत दर्ज कईलस अवुरी शहर खातीर ‘यलो अलर्ट’ जारी कs देलस। ‘यलो अलर्ट’ खराब मौसम आ हालात अउरी बिगड़ला के संभावना के संकेत देत बा जवना से परिचालन में बाधा आ सकेला. मौसम विभाग देश में मौसम अलर्ट जारी करे खातिर चार रंग के इस्तेमाल करेला। ‘ग्रीन’ के मतलब बा कि कवनो कार्रवाई के जरूरत नइखे, ‘यलो अलर्ट’ के मतलब बा कि नजर आ निगरानी राखीं, ऑरेंज अलर्ट के मतलब बा कि तइयार रहे के बा आ रेड अलर्ट के मतलब बा कि कार्रवाई/सहायता के जरूरत बा. विभाग के मुताबिक राजधानी में अधिकतम तापमान 35 डिग्री सेल्सियस के आसपास होखे के संभावना बा।

 

 

 

 

949220cookie-checkदिल्ली में तेज बरखा, मौसम विभाग द्वारा जारी ‘येलो अलर्ट’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.