Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फेफड़ा खातिर स्वस्थ आहार : का रउआ ज्यादा सिगरेट पीयेनी? फेफड़ा के स्वस्थ राखे खातिर एह सब के अपना आहार में शामिल करीं

फेफड़ा के हमनी के शरीर के एगो जरूरी अंग मानल जाला। फेफड़ा ऑक्सीजन के छाने के काम करेला, ओकरा बाद ऑक्सीजन पूरा शरीर में पहुंच जाला। फेफड़ा में कवनो समस्या के चलते सांस से जुड़ल समस्या के सामना करे के पड़ेला। अइसना में आजु हम रउरा सभे के अइसने कुछ बात बतावे जा रहल बानी जवना से रउरा फेफड़ा के नुकसान से बचावल जा सकेला।

422

फेफड़ा खातिर स्वस्थ आहार : का रउआ ज्यादा सिगरेट पीयेनी? फेफड़ा के स्वस्थ राखे खातिर एह सब के अपना आहार में शामिल करीं


फेफड़ा के हमनी के शरीर के एगो जरूरी अंग मानल जाला। फेफड़ा ऑक्सीजन के छाने के काम करेला, ओकरा बाद ऑक्सीजन पूरा शरीर में पहुंच जाला। फेफड़ा में कवनो समस्या के चलते सांस से जुड़ल समस्या के सामना करे के पड़ेला। अइसना में आजु हम रउरा सभे के अइसने कुछ बात बतावे जा रहल बानी जवना से रउरा फेफड़ा के नुकसान से बचावल जा सकेला।
फेफड़ा के हमनी के शरीर खातीर बहुत जरूरी मानल जाला। ऑक्सीजन फेफड़ा से छानला के बाद ही हमनी के पूरा शरीर में पहुंचेला। अयीसना में फेफड़ा के देखभाल कईल बहुत जरूरी बा। वायु प्रदूषण, धूम्रपान आदि के फेफड़ा पे बहुत बुरा असर पड़ेला। ए सभ चीज़ के चलते दमा, ब्रोंकाइटिस, निमोनिया, टीबी, कैंसर जईसन जानलेवा बेमारी के सामना करे के पड़ सकता। फेफड़ा के स्वस्थ राखे खातिर जरूरी बा कि आप रोज व्यायाम करीं अउरी स्वस्थ आहार के खाईं।

स्वस्थ आहार के मदद से आप अपना फेफड़ा के लंबा समय तक स्वस्थ राख सकतानी। भारत के बात कईल जाए त इहाँ वायु प्रदूषण अवुरी धूम्रपान के बढ़त मामला के चलते फेफड़ा से जुड़ल समस्या के बहुत सामना करे के पड़ेला। एहसे जदी आप अपना फेफड़ा के स्वस्थ राखल चाहतानी त जरूरी बा कि आप अपना आहार में स्वस्थ चीज़ के शामिल करीं।

 

अखरोट – अमेरिकन कॉलेज ऑफ न्यूट्रीशन से प्रकाशित एगो जर्नल के मुताबिक अखरोट में ओमेगा-3 फैटी एसिड बहुतायत में होखेला। रोजाना मुट्ठी भर अखरोट के आहार में शामिल कईला से आप फेफड़ा के समस्या से छुटकारा पा सकतानी। साँस लेवे के समस्या यानी दमा में भी इ फायदेमंद होखेला।

फैटी मछरी- जवना मछरी में वसा के मात्रा जादा होखे ओकर सेवन फेफड़ा खाती फायदेमंद होखेला। इनहन में ओमेगा-3 फैटी एसिड के पर्याप्त मात्रा होला।

जामुन– कवनो भी तरह के जामुन के सेवन करके फेफड़ा स्वस्थ रहेला। जामुन में विटामिन सी जईसन एंटीऑक्सीडेंट भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि फ्री रेडिकल्स से लड़े में मदद करेला।

ब्रोकोली– एंटी-ऑक्सीडेंट से भरपूर ब्रोकोली फेफड़ा के स्वस्थ राखे में कारगर होखेला। फेफड़ा के अलावे ब्रोकोली के शरीर के सहनशक्ति खाती भी निमन मानल जाला।

अदरक– अदरक में ना सिर्फ एंटी-इंफ्लेमेटरी गुण होखेला बालुक इ फेफड़ा से प्रदूषण के बाहर निकाले में भी मदद करेला। अदरक के सेवन से फेफड़ा के वायुमार्ग खुल जाला अवुरी ऑक्सीजन के संचार ठीक से हो जाला। संगही, फेफड़ा के स्वास्थ्य खाती फायदेमंद साबित होखेला।

सेब- सेब के रोज सेवन स्वस्थ फेफड़ा खातिर फायदेमंद होखेला। एकरा में मौजूद विटामिन फेफड़ा के स्वस्थ राखेला। एगो शोध के मुताबिक विटामिन-ई, सी, बीटा कैरोटीन अउरी साइट्रस के फल फेफड़ा खाती बहुत निमन मानल जाला।

सन बीज- एगो शोध में पाता चलल बा कि अलसी के बीज खईला से ना सिर्फ फेफड़ा के नुकसान से बचावल जा सकता, बालुक नुकसान के बाद भी ए बीज से फेफड़ा ठीक हो सकता।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.