Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Haunted news : प्रेमी 16 बेर चाकू से हमला कइलख, फेर भूत आके प्रेमिका के जान बचवलस

492
Google Ads 300*250 for posts

एलीश पो नाम के एगो लइकी दावा कइले बिया कि जब ऊ मौत के कगार पs रहे तs भूत आके ओकरा के बचा लेलख। एह घटना के बारे में ऊ एगो टीवी शो के दौरान बतवलख।

हमनी के जीवन में कुछ अप्रत्याशित आ अविश्वसनीय घटना होला जवना के हमनी के दोसरा के ना बतावेनी जा काहे कि शायद केहू विश्वास ना करे । काहे कि हमनी के मान्यता दोसरा से बिल्कुल अलग हो सकेला। कई बेर हमनी के परिवार के लोग तक हमनी के कहल बहुत बात पs विश्वास ना करेले। एही तरह के घटना एगो लइकी के संगे भइल, जवन दावा कइलस कि ऊ मौत के कगार पसे खड़ा रहे, बाकी भूत आके ओकरा के बचा लेलख।

आजकल एगो लईकी के बतावल भूत-प्रेत के कहानी खबर में बा। एलीश पो नाम के एगो 25 साल के लइकी दावा कइले बिया कि ओकर प्रेमी ओकरा हत्या करे के कोशिश कइलख, बाकी अंतिम समय में एगो भूत आके ओकरा के बचा लिहलस। मिरर के रिपोर्ट के मुताबिक, एलीश के दावा बा कि ई घटना ओकरा संगे 2020 में भइल रहे।

एलीश 3 गो भूत देखलख 

टेक्सास के रहे वाली एलिश एगो शो के दौरान ए भूत के घटना के जिक्र कइलख। ऊ बतवलख कि साल 2020 में ओकर एगो पूर्व प्रेमी ओकरा पs 15-16 बेर चाकू से हमला कइले रहे, आ ई सोच के कि ओकर मौत हो गइल बा, ऊ मौका से भाग गइले। प्रेमी के गइला के बाद अचानक ओकरा तीन गो आकृति देखाई देलस। जवना में ओकर दादी, जेकर निधन 2004 में हो गइल रहे, आ ओकर एगो दोस्त, जेकर मौत हो गइल बा, शामिल रहे।

893680cookie-checkHaunted news : प्रेमी 16 बेर चाकू से हमला कइलख, फेर भूत आके प्रेमिका के जान बचवलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.