Share Market : बीतल हफ्ता के तेजी के बाद बाजार के सपाट सुरुआत; सेंसेक्स में मामूली गिरावट, निफ्टी 25100 के नीचे

Share

बिजनेस डेस्क। बेंचमार्क इक्विटी सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी सोमार के सुरुआती कारोबार में मामूली बढ़त दर्ज कइलस, बाकिर बाद में दूनो के उतार-चढ़ाव के सामना करे के पड़ल। सेंसेक्स आ निफ्टी (Share Market) पिछला हफ्ता तेजी के बाद मुनाफाखोरी के बीच इस्थिर कारोबार करत रहे। बाजार एह हफ्ता होखे वाला अमेरिकी फेडरल रिजर्व के नीतिगत बैठक के नतीजन के इंतजार कs रहल बा।

30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स सुरुआती कारोबार में 93.81 अंकन के बढ़त के संगे 81,998.51 पs पहुंच गइल। 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 24.45 अंकन के बढ़त के संगे 25,138.45 पs पहुंच गइल। बाद में बीएसई बेंचमार्क 10.06 अंकन के गिरावट के संगे 81,904.31 पs आ निफ्टी 12.65 अंकन के गिरावट के संगे 25,099.90 पs कारोबार करत रहे।

केकर फायदा-केकर नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में बजाज फाइनेंस, इटरनल, टाटा मोटर्स, अदानी पोर्ट्स, पावर ग्रिड आ भारतीय स्टेट बैंक के शेयरन में बढ़त दर्ज कइल गइल। इंफोसिस, सन फार्मा, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज आ टेक महिंद्रा के शेयर पिछड़त नजर आइल। एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशकन के (एफआईआई) सुक के 129.58 करोड़ रुपिया के शेयर किनलस।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

 

एशियाई आ अमेरिकी बाजारन के हाल

एशियाई बाजारन में दक्षिण कोरिया के कोस्पी, शंघाई के एसएसई कंपोजिट इंडेक्स आ हांगकांग के हैंग सेंग सकारात्मक दायरा में कारोबार करत रहे। अमेरिकी बाजार सुक के मिलल-जुलल रुख के संगे बंद भइल। वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.60 प्रतिशत बढ़के 67.39 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।

पिछला  हफ्ता के हाल

एकरा पहिले पिछला कारोबारी दिन माने सुक के सेंसेक्स 355.97 अंक भा 0.44 प्रतिशत के बढ़त के संगे 81,904.70 पs बंद भइल रहे। ई लगातार पांचवां दिन तेजी के संगे बंद भइल रहे। अइसही निफ्टी 108.50 अंक भा 0.43 प्रतिशत के बढ़त के संगे 25,114 पs पहुंच गइल रहे। निफ्टी में ई लगातार आठवां दिन के तेजी रहे। पिछला हफ्ता बीएसई बेंचमार्क इंडेक्स 1,193.94 अंक भा 1.47 प्रतिशत उछलल आ निफ्टी 373 अंक भा 1.50 प्रतिशत चढ़ल। आठ कारोबारी दिनन में निफ्टी 534.4 अंक भा 2.17 प्रतिशत उछलल बा।

Read Also: IND vs PAK : भारत एशिया कप में दर्ज कइलस लगातार दूसरका जीत, गेंदबाजन के रहल दबदबा; पाकिस्तान के देलस शिकस्त

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-