ज्ञानवापी पर आजु नया केस के सुनवाई

Share

वाराणसी के माँ श्रृंगार गौरी प्रकरण का बीच बुध का दिने सिविल जज सीनियर डिवीजन रवि कुमार दिवाकर के अदालत में ज्ञानवापी से जुड़ल एगो नया मामिला के सुनवाई होखी. इ मामला विश्व वैदिक सनातन संघ के प्रमुख जितेन्द्र सिंह बिसेन के पत्नी किरण सिंह दायर कईले बाड़े। एह मामिला के सुनवाई दुपहरिया दू बजे से होखी|

मुकदमा में तीन गो मुख्य मांग बा

जितेन्द्र सिंह बिसेन के मुताबिक, किरण सिंह भगवान आदि विश्वेश्वर विराजमान के खिलाफ केस दर्ज करवले बाड़े। गोंडा जिला के रहे वाला किरण सिंह विश्व वैदिक सनातन संघ के अंतर्राष्ट्रीय महासचिव हउवें. मुकदमा के माध्यम से उ अदालत से मांग कईले बाड़े कि ज्ञानवापी परिसर में तुरंत प्रभाव से मुस्लिम पक्ष के प्रवेश प रोक लगा दिहल जाए। ज्ञानवापी के पूरा कैंपस हिन्दू लोग के सौंप दिहल जाव. एकरा अलावे भगवान आदि विश्वेश्वर स्वयंभू ज्योतिर्लिंग जवन अब सभके सोझा प्रकट हो चुकल बा, ओकरा के नियमित पूजा शुरू करे के अनुमति दिहल जाए।

जितेन्द्र सिंह बिसेन बतवले कि कोर्ट हमनी के मामला मान लेले बिया। हमनी के मामला प विपक्ष के नोटिस जारी करे के आदेश दिहल गईल। हमनी के विशेष मांग रहे कि भगवान आदि विश्वेश्वर के पूजा के आदेश दिहल जाव, ओह पर सुनवाई खातिर 25 मई के तारीख तय कर दिहल गइल बा.

सरकार समेत प्रतिवादी के संख्या पांच बा

किरण सिंह के अधिवक्ता मनबहादुर सिंह अवुरी अनुष्का त्रिपाठी के मुताबिक ए मामला में यूपी सरकार, डीएम, पुलिस आयुक्त, अंजुमन इनाजनिया मसाजिद कमेटी अवुरी विश्वनाथ मंदिर ट्रस्ट के पक्षकार बनावल गईल बा। ज्ञानवापी मस्जिद में शिवलिंग मिलला के दावा के बाद पूजा-पाठ, पूजा-पाठ के अधिकार के मांग कईल गईल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-