Ram Mandir: अयोध्या में एक जून से शुरू होई राम मंदिर के गर्भगृह के निर्माण, सीएम योगी रखिहे पहिला शिला

By Anurag Ranjan

Published on: May 25, 2022

अयोध्या। रामजन्मभूमि पs मंदिर निर्माण के अभियान निर्णायक चरण में पहुंच चुकल बा आ एक जून से ऊ समय शुरू होखे आला बा, जब एक-एक शिला जोड़ला के संगे के मंदिर निर्माण के सपना साकार

Share

अयोध्या। रामजन्मभूमि पs मंदिर निर्माण के अभियान निर्णायक चरण में पहुंच चुकल बा आ एक जून से ऊ समय शुरू होखे आला बा, जब एक-एक शिला जोड़ला के संगे के मंदिर निर्माण के सपना साकार होई। एक जून के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गर्भगृह के निर्माण के शुभारंभ करिहे।

अब निर्माण में ऊ शिला इस्तेमाल होई जवन 1991 से निर्धारित माडल के अनुरूप तराशल जा रहल बा। श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपतराय के अनुसार मंदिर निर्माण के 30 प्रतिशत काम पूरा कइल जा चुकल बा। गर्भगृह के निर्माण सीएम योगी आदित्यनाथ के पूजन के संगही शुरू हो जाई।

2019 में रामलला के पक्ष में आइल सुप्रीम कोर्ट के निर्णय के कुछे महीना के बाद से श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट भव्य मंदिर निर्माण की दिशा में सक्रिय भइल। लार्सन एंड टुब्रो (एलएंडटी) के निर्माण खातिर अनुबंधित कइल गइल। एह संस्था के मंदिर आ परकोटा (प्राचीर) बनावे के ठेका दिहल गइल। एगो आउर प्रतिष्ठित संस्था टाटा कंसल्टेंट इंजीनियर्स (टीसीई) के परियोजना प्रबंधन सलाहकार के भूमिका में अनुबंधित कइल गइल।

पांच अगस्त 2020 के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भविष्य के मंदिर खातिर रामलला के गर्भगृह स्थल पs पूजा कइले। 15 जनवरी 2021 से शुरू भइल मलबा आ माटी के खोनाई ढाई महीना ले चलल। तब ले ई जगह विशाल खदान लेखा लउकत रहे। गर्भगृह में 14 मीटर के गहराई आ ओकरा चारों ओर 12 मीटर के गहराई में खोनाई कइल गइल।

चेन्नई आइआइटी के प्रोफेसर एह विशाल गड़हा के भरे ला विशेष इंजीनियरिंग मिश्रण डिजाइन के सुझाव देले। एह सुझाव के मोताबिक परत दर परत विशेष रूप से तइयार कंक्रीट डालल गइल। एकरा पूरा होखे में लगभग छव महीना लागल। सितंबर 2021 में नेव के भराई पूरा होखला के बाद ई स्थल विशाल मानव निर्मित चट्टान के लेखा सामने आइल। एकरा ऊपर 1.5 मीटर मोट सेल्फ-कांपैक्टेड कंक्रीट ढालल गइल।

जनवरी 2022 में नेव के ऊपर के परत तइयार होखला के बाद प्लिंथ के काम शुरू कइल गइल। मंदिर के चबूतरा के ऊंच करे के काम 24 जनवरी, 2022 के शुरू भइल आ अभी प्रगति पs बा। प्लिंथ के 6.5 मीटर के ऊंचाई ले उठावल जाई। प्लिंथ के ऊंच करे ला कर्नाटक आ तेलंगाना के ग्रेनाइट पत्थर के ब्लाक के इस्तेमाल कइल जा रहल बा। एगो ब्लाक के लंबाई पांच फीट, चौड़ाई 2.5 फीट आ ऊंचाई 3 फीट बा। एह प्लिंथ के काम में लगभग 17 हजार ग्रेनाइट के ब्लाक के उपयोग होखे के बा।

सितंबर, 2022 के अंत ले प्लिंथ के ऊंच करे के काम पूरा होखे के बा। एही बीच एक जून से गर्भगृह में आ ओकरा अगल बगल नक्काशीदार बलुआ पत्थरन के स्थापना शुरू हो जाई। प्लिंथ के काम आ नक्काशीदार पत्थरन के स्थापना एक संगे जारी रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.