Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुजरात के कईगो जिला में तेज बरखा के रेड अलर्ट

104
Google Ads 300*250 for posts

 

 

 

पिछला 24 घंटा में गुजरात के कई हिस्सा में भारी बरखा भइल बा. एकरा चलते निचला इलाका में पानी भर गईल बा। कई जगह बाढ़ जइसन हालात बा। मौसम विभाग पाटन, मेहसाणा, गांधीनगर, जामनगर  के छोड़ के पूरा गुजरात में भारी बरखा के रेड अलर्ट जारी कइले बा. अगिला 24 घंटा में राज्य के कई जगहा भारी बरखा के संभावना बा।

60 किलोमीटर की रफ्तार से हवा चली

गुजरात, सौराष्ट्र आ कच्छ में 29 अगस्त ले अइसने मौसम के संभावना बा.  गुजरात में आजु आ काल्हु 60 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से तेज हवा चले के संभावना बा. एकरा से पहिले भी राज्य के कई जगहा तेज हवा चलत रहे।

ट्रेन पs बरखा के असर

अहमदाबाद-वडोदरा इंटरसिटी एक्सप्रेस, वडोदरा-अहमदाबाद इंटरसिटी एक्सप्रेस अवुरी वडोदरा-जामनगर इंटरसिटी एक्सप्रेस ट्रेन के भारी बरखा के चलते प्रभावित भईल बा। एकरा अलावे बस सेवा भी प्रभावित भईल बा। पानी के कटाई के चलते लोग के सड़क पs जाम जईसन स्थिति के सामना करे के पड़ता।

बरखा के चलते 3 लोग के मउत, 7 लोग लापता

गुजरात के कई हिस्सा में सोमार के दिने तेज बरखा भइल जवना के चलते निचला इलाका डूब गइल आ बरखा से जुड़ल घटना में तीन लोग के मउत हो गइल आ सात लोग लापता हो गइले. सैकड़न लोग के सुरक्षित जगहा पs ले जाइल गइल बा. भारतीय मौसम विभाग राज्य के कई जिला में बहुत तेज बरखा अवुरी बियफ़ें के सबेरे ले कुछ जगह पs बेहद तेज बरखा के चेतावनी देले बा, जवना के बाद प्रशासन तैयारी कईले बा। आईएमडी के ओर से जारी रेड अलर्ट के देखत सभे कलेक्टर से कहल गईल बा कि उs अपना कर्मचारी के छुट्टी रद्द करस।

 

 

 

941070cookie-checkगुजरात के कईगो जिला में तेज बरखा के रेड अलर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.