अहमदाबाद। आतंकवाद के खिलाफ गुजरात एटीएस के बड़ कामयाबी हाथ लागल बा। पुलिस गांधीनगर के अडालज से 3 लोगन के गिरफ्तार कइले बिया। तीनो आरोपी आतंकी गतिविधियन से जुड़ल रहलें सs आ ओकनी के कनेक्शन पाकिस्तान के खुफिया एजेंसी ISIS से मिलल बा।
गुजरात के आतंकवाद निरोधी दस्ते (ATS) के अडालज में आतंकी गतिविधियन के साजिश रचे के सूचना मिलल रहे। मुखबरी के आधार पs ATS इलाका में छापेमारी कइलस, जवना के बाद 3 आरोपियन के धर दबोचल गइल।
Post Views: 63








