Gangster Arrest in America : अमेरिका आ जॉर्जिया में दुगो गैंगस्टर गिरफ्तार, भारत ले आवल जाई लॉरेंस बिश्नोई गैंग के भानु राणा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2025

नई दिल्ली। भारतीय सुरक्षा एजेंसियन के अंतरराष्ट्रीय स्तर पs बड़ कामयाबी मिलल बा। हरियाणा पुलिस आ सुरक्षा एजेंसी दुगो मोस्ट वांटेड गैंगस्टर वेंकटेश गर्ग के जॉर्जिया से आ भानु राणा के अमेरिका से गिरफ्तार कइले

Share

Lawrence Bishnoi gang member Bhanu Rana arrested in Georgia USA, to be extradited to India for interrogation

नई दिल्ली। भारतीय सुरक्षा एजेंसियन के अंतरराष्ट्रीय स्तर पs बड़ कामयाबी मिलल बा। हरियाणा पुलिस आ सुरक्षा एजेंसी दुगो मोस्ट वांटेड गैंगस्टर वेंकटेश गर्ग के जॉर्जिया से आ भानु राणा के अमेरिका से गिरफ्तार कइले बाड़ी सs। दुनो के जल्दिये भारत प्रत्यर्पित करे के प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। वेंकटेश गर्ग के जॉर्जिया से आ भानु राणा के अमेरिका से डिपोर्ट कइल जाई।

दरअसल, भारत के दुगो दर्जन से से बड़ गैंगस्टर देस से बाहर बाड़ें सs, नया लोगन के भर्ती कs रहल बाड़ें सs आ आपराधिक गिरोह चला रहल बाड़ें सs। जांच एजेंसियन के अनुसार गैंगस्टर बिदेसन में बईठ के भारत में आपन सिंडिकेट चला रहल बाड़ें सs। एमे गोल्डी बराड़, कपिल सांगवान, अनमोल बिश्नोई, हैरी बॉक्सर, हिमांशु भाऊ जइसन नाम सामिल बा। ई गैंगस्टर पुर्तगाल, कनाडा, अमेरिका, इंग्लैंड आ UAE जइसन देसन में सक्रिय बा आ भारत में अपराध के जड़ मजबूत कs रहल बाड़ें सs।

हरियाणा के रहे वाला बा वेंकटेश गर्ग

वेंकटेश गर्ग हरियाणा के नारायणगढ़ के रहे वाला बाड़ें। एकरा खिलाफ हत्या, लूट आ फिरौती के 10 से जादे ममिला दर्ज बा। वेंकटेश गुरुग्राम में बसपा नेता के हत्या में सामिल रहल बा। ऊ फर्जी पासपोर्ट बनाके बिदेस भाग गइल आ जॉर्जिया के आपन नया ठिकाना बना लेलस।

जांच एजेंसियन के अनुसार, वेंकटेश गर्ग जॉर्जिया से शूटरन के भरती करत रहे। दिल्ली में हाले में भइल गोलीबारी में पकड़ल गइल आरोपियन से पूछताछ में ई जानकारी सामने आइल बा। ऊ सोशल मीडिया के माध्यम से नवहन के पईसा के लालच देके अपना गैंग में भरती करत रहे। गर्ग कपिल सांगवान के संगे मिलके एक्सटॉर्शन के सिंडिकेट चलावत रहे।

बिश्नोई गैंग से जुड़ल बा भानु राणा

भानु राणा हरियाणा के करनाल के रहे वाला बा। जवन लॉरेंस बिश्नोई गैंग से जुड़ल बा। भानु राणा हथियार सप्लाई के नेटवर्क संभारेला। करनाल STF ओकरा के इशारा पs काम कs रहल दुगो लोगन के हथियारन के संगे गिरफ्तार कइले  रहे। ओकर नेटवर्क हरियाणा, पंजाब आ दिल्ली तक फइलल बा। राणा लमहर समय से अपराध के दुनिया में सक्रिय बा आ ओकरा खिलाफ कइयन गो ममिला दर्ज बा।

Read Also: Tej Pratap Yadav Y Plus Security :  बिहार चुनाव के बीच केंद्र सरकार के बड़ फैसला, तेज प्रताप यादव के मिलल Y प्लस सिक्योरिटी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.