भ्रामक सूचना, ख़बर से बची समूह लोन, ऋण माफी के अबे कवनो योजना नाहीं

भ्रामक सूचना: फोटो

Share

 

अक्सर देखल जाला कि प्राइवेट माइको फाइनेंस कम्पनी के ओर से दिहल गईल ऋण माफी के संबंध में उत्तर प्रदेश के माननीय मुख्यमंत्री के आवेदन देवे खातीर अलग-अलग जिला से ग्रामीण अवुरी शहरी क्षेत्र से महिला लगातार गोरखनाथ मंदिर में आवत बाड़ी। महिला के वरिष्ठ अधिकारी अवुरी प्रशासन के ओर से समझावल जाता कि कवनो प्रकार के लोन माफी के लेके कवनो योजना नईखे। कुछ अवांछित तत्वन से गलत सूचना फइलावल गइल बा, जवना के चलते गोरखनाथ मंदिर परिसर में बार-बार बिना स्पष्ट जानकारी के आवत बाड़ी स, अयीसन अनचाहा तत्व के पहचान कs के कानूनी कार्रवाई कईल जाता।

एहसे एs संबंध में एs प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से आम जनता के बतावल जाता कि फिलहाल कवनो प्रकार के लोन माफी योजना के प्रस्ताव नईखे। ई जानकारी पूरा तरह से भ्रामक आ गलत बा. अगर भविष्य में अइसन कवनो लोन माफी योजना आवे तs ओकरा के जिला आ विकास प्रखंड स्तर से अलगा से जानकारी दिहल जाई.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-