मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड क्षेत्र के चैनपुर गांव में नवनिर्मित सूर्य मंदिर प्राण प्रतिष्ठा आ अखंड अष्टयाम के लेके गाजा-बाजा के संगे भव्य कलश यात्रा निकालल गइल। पांच दिन के महायज्ञ के लेके निकलल कलश यात्रा आचार्य सुनील शास्त्री, आचार्य सचिन पाण्डेय आ आउर आचार्यन के वैदिक मंत्रोच्चारण के संगे चैनपुर गांव इस्थित नवनिर्मित सूर्य मंदिर परिसर से गाजा-बाजा के संगे पियर कपड़ा पहिनले सइयन कन्या कलश यात्रा में सामिल भइल लो।
जयश्री सहित अलग-अलग देवी देवता लोगन के जयकारा के संगे सइयन के संख्या में महिला भक्त आ पुरुष सम्मिलित भइल लो, कलश यात्रा गाजा-बाजा के संगे गांव के भ्रमण करत चैनपुर घोघारी नदी घाट पs पहुंचल, जहां आचार्यन के वैदिक मंत्रोच्चारण के संगे जल बोझी के बाद जयकारा लगावत दोबारा कार्यक्रम स्थल पहुंचल। कार्यक्रम स्थल पs सब भक्तन के द्वारा जय श्री राम के जय कारा के संगे-संगे सूर्य देव के भक्तिमय गीत के गावल जात रहे, सूर्य मंदिर प्राण प्रतिष्ठा के संदर्भ में बेवस्थापक दवा ब्यवसायी दिनेश कुमार सिंह आ भारतीय जनता युवा मोर्चा के मंडल अध्यक्ष बीकेश कुमार सिंह बतावल लोग कि नवनिर्मित सूर्य मंदिर प्राण प्रतिष्ठा के लेके पांच दिवसीय महायज्ञ आयोजित कइल गइल बा। अखंड अष्टयाम खातिर कलश यात्रा निकालल गइल। एह कलश यात्रा में हर्षोल्लास के संगे सभे भक्त सम्मिलित भइल लोग। महायज्ञ के पूर्णाहुति 27 फरवरी के होई। भक्त आ यजमान ललन सिंह एह संदर्भ में बतवलें की सब भक्तन खातिर प्रवचन के आयोजन कइल गइल बा, कथा वाचक श्याम शंकर जी महाराज वृंदावन के द्वारा प्रवचन कs के लोगन के भक्तिमय बनावल जाई।
मवका पs मुख्य रूप से यजमान ललन सिंह, समाजसेवी चंद्रकेत नारायण सिंह, मुखिया ललिता देवी, मुखिया पति चंद्रशेखर सिंह, गुड्डू सिंह, पप्पू सिंह, दिनेश कुमार सिंह, भाजपा उत्तरी मंडल युवा अध्यक्ष विकेश कुमार सिंह, डाॅ संतोष कुमार सिंह, पवन कुमार सिंह, निरंजन सिंह, कामेश्वर सिंह, रंजीत सिंह सहित सइयन के संख्या में भक्तगण सम्मिलित भइल लोग।