गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी आ आधुनिक भारतीय भाषा आउर पत्रकारिता विभाग के तहत चल रहल पत्रकारिता पाठ्यक्रम के विद्यार्थी यूजीसी-नेट दिसंबर 2025 के परीक्षा में सानदार सफलता हासिल कइले बा लोग, जवना से विश्वविद्यालय के नाम रोशन भइल बा। कुलपति प्रो. पूनम टंडन एह सफलता के देखत एही सत्र से पत्रकारिता पाठ्यक्रम में पीएचडी सुरू करे के भरोसा देले बाड़ी।
विभागाध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी एह सफलता के विभाग खातिर बड़ उपलब्धि बतावत कहलें कि ई परिणाम विद्यार्थियन के मेहनत आ शिक्षकन के सही मार्गदर्शन के नतीजा बा। पत्रकारिता पाठ्यक्रम के समन्वयक प्रो. राजेश मल्ल सहित विभाग के सब आचार्य विद्यार्थियन के सफलता पs खुसी जतावत ओह लोगन के उज्ज्वल भविष्य के कामना कइल लोग।
बता दी कि यूजीसी-नेट दिसंबर 2025 के परीक्षा में बृजेश दूबे, शिवम त्रिपाठी आ वंदना त्रिपाठी नेट परीक्षा पास कइले बा लोग। ओहिजा, अनुराग मिश्र, चंदन शर्मा, प्रगति गुप्ता आ अलका राय पीएचडी में दाखिला खातिर अर्हता हासिल कइले बा लाेग।
विभागाध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी के नेतृत्व में पत्रकारिता विभाग के सब शिक्षक आ सफल विद्यार्थी विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन से शिष्टाचार भेंट कs के आसिरबाद लिहल लोग। कुलपति विद्यार्थियन के एह उपलब्धि पs बधाई देत विभाग के शिक्षकन के सराहना कइली आ एह सफलता के आधार पs मवजूदा सत्र से पत्रकारिता पाठ्यक्रम में पीएचडी कार्यक्रम सुरू करे के आश्वासन देली।
एह मवका पs विभाग के शिक्षक डॉ. रजनीश कुमार चतुर्वेदी, डॉ. अन्वेषण सिंह, डॉ. नरगिस बानो आ अभय शुक्ला मवजूद रहल लोग।
Read Also: 13 फरवरी 2026 के राशिफल







