Gorakhpur News : सहजनवां नगर पंचायत में दोबारा होई मतगणना : दूसरका स्थान पs रहल बसपा प्रत्याशी के याचिका पs कोर्ट देलस आदेस

Share

गोरखपुर। जिला के सहजनवां नगर पंचायत में दोबारा मतगणना होई। मतगणना में अनियमितता के आरोप लगावत बसपा प्रत्याशी लीलावती देवी कोर्ट में याचिका दाखिल कइले रहली। उ दूसरका स्थान पs रहल रहली। उनका पs सुनवाई करत अपर जिला जज एक महीना के भीतर दोबारा मतगणना करावे के निरदेस दिहल गइल बा। एसडीएम एह चुनाव के रिटर्निंग ऑफिसर बाड़ें। उनकर कहनाम बा कि उनका कोर्ट के आदेस अभी नइखे मिलल।

दोबारा मतगणना के सूचना पs सहजनवां में राजनीतिक चरचा एक बेर फेर गरम हो गइल रहे। इहां 4 मई 2023 के मतदान करावल गइल रहे। ओकरा बाद भइल मतगणना में बसपा प्रत्याशी लीलावती देवी के ओर से अनियमितता के आरोप लगावल गइल रहे। ओह समय दोबारा मतगणना के मांग कइल गइल रहे बाकिर तत्कालीन आरओ सुरेश राय एह मांग के खारिज कs देले रहस। ओह समय बहुते हंगामा भइल रहे।

हाईकोर्ट में दायर कइले रही याचिका

चुनाव परिणाम घोषित होखला के बाद दूसरका स्थान पs रहल बसपा प्रत्याशी लीलावती देवी राज्य निर्वाचन आयोग में एकर शिकायत कइले रहली बाकिर उहीं से कुछ ना भइल। एकरा बाद उनका ओर से हाईकोर्ट में याचिका दाखिल कइल गइल। एह याचिका पs सुनवाई करत हाई कोर्ट डिस्ट्रिक्ट कोर्ट में ममिला भेज दिहल।

अपर जिला जज के कोर्ट ने दिया निर्णय

एह ममिला में अपर जिला जज कोर्ट एक के जज चंद्रभान सिंह दुनो पक्षन के दलील सुनला के बाद फैसला सुनवलें। 14 अगस्त के जारी आदेस में कोर्ट कहलस कि 4 मई 2023 के भइल मतदान के आधार पs एसडीएम सहजनवां एक महीना में दुबारा मतगणना कराके परिणाम घोषित करस। एह समय भाजपा के संजू सिंह अध्यक्ष बाडें। लगभग 400 वोट से हार-जीत के फैसला भइल रहे।

एसडीएम के नइखे जानकारी

एह ममिला में सहजनवां के एसडीएम केशरी नंदन तिवारी के कहनाम बा कि अभी कोर्ट के आदेस उनका नइखे मिलल। आदेस मिलला पs ओकरा अनुसार कार्रवाई कइल जाई।

साभार : GST Reforms : बीमा-दवा सहित खाद्य पदार्थ पs 0 जीएसटी, टीवी-फ्रिज होई सस्ता; जानीं कवना चीजन के घटी दाम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-