गोरखपुर। पेट्रोल आ डीजल के कमी के अफवाह फइलतही शहर के पेट्रोल पंप पs जबरदस्त भीड़ उमड़ पड़ल। लोग अपना-अपना गाड़ी में तेल भरावे खातिर लाइन में लाग गइल। हालात एतना बिगड़ गइल कि बेवस्था संभारे खातिर पुलिस के तैनात करे के पड़ल।
लोग टंकी फुल करावे के चक्कर में जरूरत से जादे तेल लेवे लागल, जवना के चलते कइयन गो पेट्रोल पंप पs दु दिन के स्टॉक सांझ होत-होत खतम हो गइल। जहां तेल उपलब्ध रहे, उहां बाइक आ कार के लमहर कतार देखे के मिलल। एक दिन में बिक्री लगभग तीन गुना तक बढ़ गइल, जवना के असर ई भइल कि रात 10 बजे तक कइयन गो पंप सूख गइल। आजो बियफे के सबेरे से अइसने देखल जा रहल बा।

पेट्रोल पंप के कर्मचारी बतावत बा लोग कि तेल के असली कमी नइखे, बलुक लोग घबराहट में जादे स्टॉक जमा करत बा। एकरा से अचानक मांग बढ़ गइल बा। रेल म्यूजियम के सामने एगो पेट्रोल पंप पs रात में भारी भीड़ देखे के मिलल, जहां लोग सादा पेट्रोल ना मिलला पs मजबूरी में स्पीड पेट्रोल भरवावल।
मोहद्दीपुर आ कूड़ाघाट इलाका में कुछ इहे हाल रहल। लोग जल्दबाजी में क्यूआर कोड से भुगतान करत रहे, बाकिर मैसेज देरी से अवला के चलते कतार आउर लमहर हो गइल। कर्मचारी लोग बार-बार समझावत रहे कि तेल उपलब्ध बा, बाकिर लोग माने के तइयार ना रहे।
कइयन जगह झगड़ा तक के इस्थिति बन गइल, काहे कि लोग जबरदस्ती टंकी फुल करावे के कोसिस करत रहे। कुछ पंप पs सांझ के आ कुछ पs आज सबेरे से स्टॉक खतम हो गइल, जबकि कुछ जगह टैंकर मंगवावल गइल बा।
देवरिया बाईपास आ हाईवे पs तs लाइन सड़क तक पहुंच गइल। पुलिस अधिकारी खुद मवजूद रहके भीड़ नियंत्रित करत रहे आ लोगन से शांति बनावे के अपील करत रहे लागे। कुल मिलाके, अफवाह के चलते शहर में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल बा, जबकि हकीकत में तेल के कवनो कमी नइखे।
Read Also: Andhra Pradesh Accident : आंध्र प्रदेश में भीषण दुर्घटना, लॉरी से टकराइल बस, 14 के मौत








