Gorakhpur: अब 10 से 2 बजे ले थाना पs मिलीहें थानेदार, वाट्सएप पs भेजिहें लोकेशन; आईजी दिहले आदेश

Minee Upadhyay

 

थाना में उचित जनसुनवाई के नया इंतजाम कईल गईल बा। सुबह 10 बजे से दुपहरिया 2 बजे ले थाना कार्यालय में बईठीहें। एह दौरान अगर रउरा बाहर निकलब त फेर एकरा बारे में सीओ आ अतिरिक्त एसपी के जानकारी देब। एह व्यवस्था पs रेंज कार्यालय से मानिटरिंग कइल जाई। अगर वीआईपी ड्यूटी पs थाना से बहरी रहिहें भा जब कवनो घटना होखे त प्रार्थनापत्र मंगा के निस्तारण करा लीहल जाई।

गोरखपुर : बैंक चेकिंग आ गश्त के बहाने एसएचओ सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 2 बजे ले थाना से बाहर ना निकलीहे। एसएसआई आ हलका दरोगा ई काम करीहें। एह दौरान एसएचओ के कार्यालय में बईठ के उ जनसुनवाई करीहे।

आईजी रेंज कार्यालय से एकर निगरानी कईल जाता। 

निर्धारित समय में जनसुनवाई ना करेवाला एसएचओ के खिलाफ कार्रवाई कईल जाई। अधिकारी लोग के शिकायत मिलत रहे कि थाना में जनसुनवाई अवुरी महिला हेल्प डेस्क के गठन के बाद एसएचओ अपना कार्यालय में ना बईठल रहले।

बैंक चेकिंग अवुरी गश्त के नाम पs उ लोग सबेरे गाड़ी लेके थाना से निकलेले अवुरी शिकायत करेवाला भटकेले। महिला हेल्प डेस्क पs तैनात जनसुनवाई अधिकारी अवुरी सिपाही कवनो आवेदन पs फैसला ना करेले। पीड़िता जब अफसरन के लगे आवेले त एसएचओ लोग शिकायत करे वाला ना मिलल कह के फरार हो जाला।

शिकायतकर्ता से छुटकारा पावे के इंतजाम

एह समस्या से शिकायत करे वाला लोग के छुटकारा पावे के इंतजाम कइले बाड़न कि थानेदार सबेरे दस बजे से दुपहरिया दू बजे ले कार्यालय में बइठ के जनसुनवाई करीहें। अगर वीआईपी ड्यूटी पs भा जब कवनो घटना होखे त थाना से बाहर रहस त दिन में मिलल प्रार्थनापत्र के निस्तारण क दीहें।

थाना के रेंज कार्यालय में आवे वाली शिकायत के सामना करे के पड़ी

शिकायत लेके रेंज कार्यालय में आवे वाला शिकायतकर्ता के वीडियो कॉल के माध्यम से एसएचओ से सामना करावल जाई। आईजी के सोझा शिकायतकर्ता थाना के आपन बात बताई अवुरी उ सुलझा दिहे। शिकायतकर्ता के शिकायत पs इ व्यवस्था कईल गईल बा। बहुत लोग बतवले रहले कि जोन भा रेंज आफिस में आवेदन दिहला के बाद थाना में जाके थाना में सीधा बात ना होला।

थाना में उचित जनसुनवाई के नया इंतजाम कईल गईल बा। सुबह 10 बजे से दुपहरिया 2 बजे ले थाना कार्यालय में बईठीहें । एह दौरान अगर रउरा बाहर निकलब त फेर एकरा बारे में सीओ आ अतिरिक्त एसपी के जानकारी देब। एह व्यवस्था पs रेंज कार्यालय से नजर राखल जाई। रेंज के सभ पुलिस कप्तान के ए सिस्टम के कड़ाई से पालन करे के निर्देश दिहल गईल बा।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।