[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर समाचार : गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति के जान से मारे के धमकी देले, ठेकेदार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य नियंत्रक प्रो. गोपाल प्रसाद कहले कि विश्वविद्यालय में कार्यदायी संस्था के कार्यकाल खतम हो गईल बा। आरोपी ठेकेदार ए भुगतान के लेके कुलपति के धमकी देले बाड़े। कैंट थाना में तहरीर दिहल गइल बा।

 

गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर राजेश सिंह के हत्या के धमकी देवे के मामला बुधवार के रात सोझा आईल बा। ए मामला में गोरखपुर विश्वविद्यालय में सफाई के काम करावे वाला ठेकेदार पs आरोप लगावल गईल बा। मुख्य नियंत्रक कैंट थाना में तहरीर देके ठेकेदार के खिलाफ कार्रवाई के मांग कईले बाड़े।

 

दूसर ओर आरोपी ठेकेदार श्रीप्रकाश शुक्ला भी बकाया राशि के मांग के चलते बंधक बना के राखे के बारे में शाहपुर थाना के जानकारी देले बाड़े। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया बुधवार के देर रात निरीक्षक कैंट रणधीर मिश्र कुलपति के आवास पs पहुंच के मामला के बारे में पूछताछ कईले।

 

प्रो. गोपाल तहरीर में लिखले बाड़न कि गोरखपुर विश्वविद्यालय में ठेका पे सफाई के काम करे वाला पादरी बाजार निवासी काशी ट्रेडर्स के निदेशक श्रीप्रकाश शुक्ला बुध के रात मोबाइल पे कुलपति के फोन क के जान से मारे के धमकी दिहले। नियंता के मुताबिक गोरखपुर विश्वविद्यालय के संगे श्रीप्रकाश के फर्म के ठेका खतम हो गईल बा। तहरीर में उनकर दू गो मोबाइल फोन नंबर के भी जिक्र भइल बा।

 

गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य नियंत्रक प्रो. गोपाल प्रसाद कहले कि विश्वविद्यालय में कार्यकारिणी के कार्यकाल खतम हो गईल बा। आरोपी ठेकेदार ए भुगतान के लेके कुलपति के धमकी देले बाड़े। कैंट थाना में तहरीर दिहल गइल बा।

 

आरोपी ठेकेदार श्रीप्रकाश शुक्ल बतवले कि विश्वविद्यालय में सफाई के काम खातीर करीब 70 लाख रुपया के बकाया बा। बुध कs दिने हम कर्मचारियन के पइसा देबे खातिर विश्वविद्यालय गइल रहीं, जहाँ हमरा के बंधक बना लिहल गइल। इ जानकारी हम शाहपुर पुलिस के देले बानी। फोन पs कुलपति से बात तक नईखी कईले ।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]