गोरखपुर। मिशन शक्ति 6.0 के उद्घाटन दिवस पs सनिचर के डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में शपथ कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। ई कार्यक्रम राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में संपन्न भइल।
महिला सम्मान आ सुरक्षा के लेके शपथ
एह अवसर पs मनोविज्ञान विभाग के डॉ. विनोद गुप्ता आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता सब स्वयंसेवकन आ स्वयंसेविका के शपथ दिलावल लोग। शपथ के दौरान सब केहू संकल्प लेलस कि उ हमेसा बालिका आ महिला के सम्मान करी लोग, ओह लोगन के अधिकारन के सुरक्षा करी लोग आ ओह लोगन के विकास खातिर समान अवसर प्रदान करे में योगदान दी लोग।
संगही इहो वचन लिहल गइल कि प्रत्यक्ष भा परोक्ष रूप से कवनो महिला भा बालिका के अधिकारन आ मर्यादा के उल्लंघन ना होखे दिहल जाई।
छात्रन के सक्रिय भागीदारी
कार्यक्रम में शिवम, पूर्णिमा, सृष्टि आ जया सहित बड़ संख्या में स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका सामिल भइल लोग। सभे एक स्वर से मिशन शक्ति अभियान के सफल बनावे आ समाज में महिला सुरक्षा आ सम्मान के बढ़ावा देवे के संकल्प दोहरवलें।