गोरखपुर। एम्स थाना क्षेत्र के एगो गांव के विवाहिता से पति बियाह के चार दिन बादे दहेज खातिर मारपीट कइलस। ओकरा मुंह में गुटखा थूक देलस। एकरा अलावे ओकरा संगे साथ अप्राकृतिक संबंध बनवलस। जब एकर शिकायत सास-ससुर से कइल तs उहो लोग दहेज खातिर ताना मारल। (Gorakhpur News)
महिला के तहरीर पs पुलिस पति अरविंद, सास शकुंतला देवी, ससुर नेबूलाल के अलावे देवर आ ननद पs दहेज उत्पीड़न के केस दर्ज कs के ममिला के जांच कs रहल बिया। मायका में रह रहल महिला पुलिस के बतवलस कि ओकर पिता के मौत हो चुकल बा। भाई बीतल एक जून के एही थाना क्षेत्र के एगो गांव निवासी अरविंद से ओकरा बियाह करवलें।
ससुराल वालन के मांग के अनुसार पांच लाख रुपिया नकद, जेवर आ घरेलू सामान दिहल गइल रहे। ससुराल पहुंचला पs चउथा दिन से आउर दहेज के मांग के लेके विवाद सुरू हो गइल। शराब के नशा में ओकर पति मारपीट करे लागल। एक दिन गुटखा खाके आइल आ दहेज के मांग के लेके विवाद करे लागल।
विरोध कइला पs मारपीट कइलस आ जबरन मुंह में गुटखा थूक देलस। पति ओकरा के प्रताड़ित करे खातिर मारपीट कs के अप्राकृतिक संबंध बनवलस। बातचीत के रिकार्डिंग मोबाइल फोन में मवजूद बा। ससुराल वालन से परेसान होके 16 जुलाई के उ मायका चल गइली आ फेर दहेज वापस करे के मांग कइली।
खर्च भइल 20 लाख देवे पs समझौतो भइल, बाकिर ससुराल के लाेग रकम वापस ना कइल। एसपी सिटी बतवलें कि केस दर्ज कs के एम्स पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।