Bihar News: जमुई में मिनी गन फैक्ट्री के पर्दाफाश, मुखिया मुन्ना साव के घर में चलत रहे बड़ खेला

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 6, 2025

जमुई। जिला के खैरा प्रखंड अंतर्गत हरखार पंचायत के मुखिया मुन्ना साव के घर पऽ छापेमारी कs के पुलिस मिनी गन फैक्ट्री के पर्दाफाश कइलस। मवका से भारी मात्रा में निर्मित आ अर्धनिर्मित हथियार बरामद

Share

जमुई। जिला के खैरा प्रखंड अंतर्गत हरखार पंचायत के मुखिया मुन्ना साव के घर पऽ छापेमारी कs के पुलिस मिनी गन फैक्ट्री के पर्दाफाश कइलस।

मवका से भारी मात्रा में निर्मित आ अर्धनिर्मित हथियार बरामद कइला के संगही चार लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। गिरफ्तार लोग कारीगर बतावल जा रहल बा। एमे दुगो मुंगेर आ दुगो कोलकाता के रहे वाला हs लो।

गिरफ्तार लोगन द्वारा दिहल गइल जानकारी पऽ मुख्यालय के कल्याणपुर इस्थित गुड्डू सिंहा के घर से निर्मित आ अर्धनिर्मित हथियार बरामद कइल गइल। एसपी प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के एह ममिला के पूरा जानकारी देलें।

Read Also: Share Market : सेंसेक्स आ निफ्टी में बढ़त के संगे सुरुआत, डॉलर के मुकाबले रुपिया में मजबूती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.