Gorakhpur News : डीडीयू के राजनीति विज्ञान विभाग के पूर्व अध्यक्ष आ वरिष्ठ आचार्य प्रो. राजेश कुमार सिंह के निधन

Share

गोरखपुर।  दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के राजनीति विज्ञान विभाग के पूर्व अध्यक्ष आ वरिष्ठ आचार्य प्रो. राजेश कुमार सिंह के बियफे के निधन हो गइल। उनकर असमय देहांत से शैक्षणिक जगत में गहरा शोक व्याप्त बा आ एह घटना के अपूरणीय क्षति मानल जा रहल बा।

प्रो. राजेश कुमार सिंह लगभग तीन दशक तक राजनीति विज्ञान विभाग में एकनिष्ठ आ समर्पित शिक्षक के रूप में सेवा देलें। भारतीय शासन आ राजनीति विषय पs उनकर गहिराह पकड़ रहे आ एह क्षेत्र में ऊ राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय स्तर पs पहचानल जात रहस। पढ़ाई के संगे-संगे शोध आ अकादमिक गतिविधियन में उनकर जोगदान सराहनीय रहल।

उ विश्वविद्यालय शिक्षक संघ के महामंत्री रह चुकल रहलें। एह हैसियत से ऊ हमेशा शिक्षकन के हक आ हित खातिर संघर्ष करत रहलें आ विश्वविद्यालय के शैक्षणिक माहौल मजबूत करे में अहम भूमिका निभवलें।

दिवंगत आचार्य के निधन पs विश्वविद्यालय प्रशासन शोक में डूब गइल बा। कुलपति प्रो. पूनम टंडन के नेतृत्व में विश्वविद्यालय परिसर में शोकसभा के आयोजन कइल गइल, जवना में शिक्षक, कर्मचारी आ छात्रगण प्रो. सिंह के याद में श्रद्धांजलि अर्पित कइल।

Read Also: Sajjan Kumar : ‘हमरा परिवार के 10 लोग मारल गइलें, तबो सज्जन कुमार बरी हो गइल’, कोर्ट के फैसला सुन के रो पड़ली बागी कौर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-