[the_ad_group id="30365"]

UP Gaurav Samman : शुभांशु शुक्ला सहित पांच विभूतियन के मिलल यूपी गौरव सम्मान

UP Gaurav Samman 2026 recipients including Shubhanshu Shukla and Alakh Pandey
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश दिवस के मवका पs प्रदेश के पांच गो नामी विभूतियन के यूपी गौरव सम्मान देवे के एलान भइल बा। एह सूची में अंतरिक्ष यात्री शुभांशु शुक्ला के संगे अलख पांडेय, डाॅ. हरिओम पंवार, रश्मि आर्य आ डा. सुधांशु सिंह के नाम सामिल बा। सब सम्मानित लोगन के 11 लाख रुपिया नगद, प्रशस्ति पत्र आ अंगवस्त्र देके सम्मानित कइल जाई।

लखनऊ के रहे वाला शुभांशु शुक्ला के नासा के कैनेडी स्पेस सेंटर से स्पेसएक्स के ड्रैगन अंतरिक्ष यान से उड़ान भरके अंतरराष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन पs पहुंच के इतिहास रचे खातिर ई सम्मान मिल रहल बा। शिक्षा के क्षेत्र में बड़ बदलाव ले आवे वाला प्रयागराज के अलख पांडेय के साल 2016 में प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला छात्रन खातिर ‘फिजिक्स वाला’ यूट्यूब चैनल सुरू करे खातिर सम्मानित कइल जाई।

बुलंदशहर जिला के डाॅ. हरिओम पंवार के साहित्य आ शिक्षा में अहम जोगदान खातिर यूपी गौरव सम्मान दिहल जाई। मेरठ में श्रीमद् दयानंद आर्यकन्या गुरुकुल के स्थापना करे वाली रश्मि आर्य के महिला सशक्तीकरण के क्षेत्र में उल्लेखनीय काम खातिर सम्मानित कइल जाई। ओहिजा, वाराणसी के डॉ. सुधांशु सिंह के कृषि क्षेत्र में खास उपलब्धियन आ नवाचार खातिर ई प्रतिष्ठित सम्मान देवे के फैसला भइल बा।

उत्तर प्रदेश दिवस पs होखे वाला एह सम्मान समारोह में प्रदेश के प्रतिभा आ उपलब्धियन के सम्मान देके दूसरा लोगन खातिर प्रेरणा बने के संदेस दिहल जाई।

Read Also: IND vs NZ 2nd T20I : रायपुर में दूसरका टी20 में ईशान किशन के तूफान, अइसन का कइलें कि इयाद आ गइलें ऋषभ पंत? सामने आइल वीडियो

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]