Gorakhpur News: गोरखपुर जंक्शन पऽ जल्दीए शुरू होई एफओबी के निर्माण

Sonu Kishor
प्रस्तुती खातिर फोटो ( गूगल )

गोरखपुर जंक्शन के प्लेटफार्म नंबर एक पs बंद मिडिल फुट ओवरब्रिज (एफओबी) के जगह जल्दिए नया ओवरब्रिज के निर्माण शुरू हो जाई। स्टेशन के पुनरुत्थान में सबसे पहिले एफओबी के निर्माण होई। एकर नया डिजाइन के मंजूरी मिल गइल बा।

नया एफओबी रेल लाइन के बीच बिना खंभा तइयार हो जाई। यात्री के समस्या के ध्यान में राखत रेल प्रशासन प्राथमिकता के आधार पs 6 मीटर चौड़ा एफओबी बनावे के फैसला कइले बा। 6 महीना में निर्माण कार्य पूरा करे के लक्ष्य राखल गइल बा। मौजूदा पुल से 12 मीटर पश्चिम में नया फुट ओवरब्रिज बनावल जाई।

स्टेशन पs मिडिल फुट ओवरब्रिज लगभग एक साल से बंद बा। जर्जर होखे के चलते इ पुल बंद हो गइल। एकरा के मरम्मत के बारे में चर्चा भइल, बाकिर बाद में फैसला भइल कि पहिले एकर निर्माण होई। नया एफओबी चालू होखला के बाद पुरान एफओबी के गिरा दिहल जाई। एही तरे तीनों एफओबी के एक-एक कऽ के निर्माण कईल जाई।

कोट..

प्लेटफार्म नंबर एक पs बंद मिडिल फुट ओवरब्रिज के जगह जल्दिए नया ओवरब्रिज के निर्माण के काम शुरू हो जाई। एकर डिजाइन के मंजूरी मिल गइल बा।

– पंकज कुमार सिंह, सीपीआरओ, पूर्वोत्तर रेलवे

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...