गोरखपुर में मंगलवार देर रात से शुरू भइल झमाझम बारिश बियफ़े तक जारी बा। बारिश के कारण मौसम सुहावन हो गइल, उहवें शहर के कुछ निचला इलाकन में जलभराव के समस्या खड़ा भइलें से स्थानीय लोग के मुश्किलें बढ़ गइल। हालांकि नगर निगम अउर गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के टीम के सक्रियता से पानी ओतनही तेजी से निकल भी गइल।
बुध दुहर दो बजे ले कुछ मोहल्ला के छोड़ ज्यादातर जगह से पानी निकल गइल। बारिश के वजह से सर्वाधिक परेशानी स्कूली बच्चन अउरी उनके अभिभावकन के उठावे के पड़ल। बारिश के वजह से देवरिया बाईपास रोड के आसपास के मोहल्ला, मेडिकल रोड, दाउदपुर, गीता प्रेस रोड समेत कई इलाका में जलभराव के स्थिति उत्पन्न हो गइल।

नगर आयुक्त अविनाश सिंह के निर्देश पर नगर निगम के टीम मौका के निरीक्षण कs के पंपिंग सेट से पानी निकलले के व्यवस्था कइलस। ओंने जीडीए उपाध्यक्ष प्रेम रंजन सिंह के निर्देश पर जीडीए टीम देवरिया बाईपास के आसपास के प्रभावित मोहल्ला के निरीक्षण कइलस। सफाई कर्मियन के तैनात क के नाला के सफाई करावल गइल त वहीं पंपिंग सेट चालू करा के पानी निकाले के बेवस्था भइल।

कहां केतना बारिश भइल (मंगर के रात 8.30 बजे से बुध बिहाने 8.30 बजे ले)
गोरखपुर : 18.2 मिलीमीटर
कुशीनगर : 3.5 मिलीमीटर
देवरिया : 103 मिलीमीटर
बस्ती : 30.4 मिलीमीटर
सिद्धार्थनगर : 4.5 मिलीमीटर
संतकबीरनगर : 32.5 मिलीमीटर
कुशीनगर : 3.5 मिलीमीटर
देवरिया : 103 मिलीमीटर
बस्ती : 30.4 मिलीमीटर
सिद्धार्थनगर : 4.5 मिलीमीटर
संतकबीरनगर : 32.5 मिलीमीटर
Post Views: 2