गोरखपुर। ड्रग्स तस्करी करे वाला एगो बड़ रैकेट के भंडाफोड़ भइल बा। एएनटीएफ लखनऊ आ गीडा थाना पुलिस सोमार के सबेरे संयुक्त कार्रवाई करत छव गो अभियुक्तन के गिरफ्तार कइले बिया। एनडीपीएस एक्ट के तहत मोकदमा दर्ज कs के सबका के दुपहरिया बाद कोर्ट में पेश कइल गइल, जहवां से सबका के जेल भेज दिहल गइल। पुलिस के मोताबिक बरामद नशीला पदार्थन के कीमत करीब 2 करोड़ 35 लाख रुपिया आंकल गइल बा।
पुलिस के मुखबिर से सूचना मिलल रहे कि कुछ लोग बड़ मात्रा में ड्रग्स लेके गीडा इलाका से गुजरे वाला बा। एह जानकारी के आधार पs एएनटीएफ लखनऊ आ गीडा पुलिस निगरानी तेज कs देलस।
नौसढ़ इलाका में दुगो चार पहिया गाड़ी के चिन्हित कs के घेराबंदी कइल गइल। गाड़ी में सवार छव गो लोगन के मवके पs पकड़ लिहल गइल। तलाशी में 770 ग्राम अवैध ऑर्गेनिक/हाइड्रोपोनिक बीड्स (ओसियन ग्रीन), 1.025 किलो स्मैक/हेरोइन, आठ गो एंड्रॉयड मोबाइल फोन आ एक लाख रुपिया नकद बरामद भइल।
ड्रग्स तस्करी में इस्तेमाल भइल दुनो चार पहिया गाड़ी के पुलिस सीज कs देलस। सुरुआती पूछताछ में पता चलल कि एह नशीला पदार्थन के छोट-छोट पैकेट बना के शहर आ आसपास के इलाकन में सप्लाई करे के तइयारी रहे।
पुलिस अफसरन के कहनाम बा कि ओसियन ग्रीन हाइड्रोपोनिक तकनीक से तइयार होखे वाला हाईब्रिड गांजा हs, जवना में नशा आम गांजा से कहीं जादे होला। ओहिजा स्मैक आ हेरोइन बहुते खतरनाक नशीला पदार्थ हs, जवना के लत जल्दी लागेला आ जान पs खतरो बन जाला।
गिरफ्तार अभियुक्तन में खजनी के साहिल उर्फ शमशाद अहमद, गोला बाजार के मिश्रौली निवासी श्याम मोहन यादव, देवरिया जिला के एकौना थाना इलाका के निबा निवासी संतोष पाण्डेय, गगहा के गजपुर निवासी जितेन्द्र गुप्ता, तिवारीपुर के सुभाष नगर सूरजकुंड निवासी राहुल दूबे आ बेलीपार के मलाव निवासी मनोज चौरसिया सामिल बा लोग।
एसपी उत्तरी ज्ञानेंद्र कुमार बतवलें कि ड्रग्स के सप्लाई चेन, स्रोत आ नेटवर्क से जुड़ल आउर लोगन के भूमिका के जांच जारी बा। गिरोह से जुड़ल हर आदमी पs कड़ा कार्रवाई कइल जाई।









