[the_ad_group id="30365"]

Patna News : पटना नीट छात्रा मौत ममिला में बिल्डिंग मालिक सहित 16 संदिग्धन के DNA टेस्ट, एम्स से मांगल गइल सेकंड ओपिनियन

Police investigation in Patna NEET student death case with DNA test of suspects
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। चित्रगुप्त नगर थाना इलाका में गर्ल्स हॉस्टल में रह के नीट के तइयारी करत छात्रा के मौत ममिला में अब जांच आउर तेज हो गइल बा। फॉरेंसिक के बायोलॉजिकल रिपोर्ट में छात्रा के अंतःवस्त्र से मानव स्पर्म के अवशेष मिलला के बाद एसआईटी जांच के दायरा बढ़ा देलस।

रिपोर्ट से छात्रा के संगे यौन हिंसा के आशंका मजबूत भइल बा। एकरा बाद एफएसएल डीएनए प्रोफाइल तइयार कs लेले बा। एसआईटी जांच के दौरान हॉस्टल के बिल्डिंग मालिक सहित 16 से जादे चिन्हित संदिग्ध लोगन के डीएनए सैम्पल लिहल गइल बा।

अउरियो लोगन के लिहल जा सकेला सैम्पल

सूत्र बतावत बा लोग कि मेडिकल बोर्ड के निगरानी में सभे के गर्दनीबाग अस्पताल ले आवल गइल, जहां मजिस्ट्रेट के मवजूदगी में डीएनए सैम्पल लिहल गइल, ताकि प्रोफाइल से मिलान कइल जा सके।

डीएनए रिपोर्ट एसआईटी जांच के सबसे अहम कड़ी मानल जात बा। एकरा पहिले एफएसएल टीम बेउर जेल जाके बिल्डिंग मालिक मनीष रंजन के सैम्पल लेले रहे। आगे आउरियाे लोगन के सैम्पल लिहल जा सकेला।

पोस्टमार्टम आ एफएसएल रिपोर्ट बा अहम

पोस्टमार्टम रिपोर्ट में कहल गइल रहे कि यौन हिंसा से इनकार ना कइल जा सकेला। एकरा बाद एसआईटी के फॉरेंसिक रिपोर्ट के इंतजार रहे। एफएसएल बायोलॉजिकल रिपोर्ट सउप चुकल बा।

पटना पुलिस बतवले रहे कि 10 जनवरी के मृतका के परिजन कुछ कपड़ा पुलिस के देले रहे लोग, जवना के जब्त कs के एफएसएल भेजल गइल। जांच में घटना के समय पहिनल एगो अंतःवस्त्र से मानव स्पर्म के अवशेष मिलल बा, जवना के डीएनए प्रोफाइल बना के मिलान कइल जाई।

थानेदार सहित दू पुलिसकर्मी निलंबित

ममिला के समीक्षा के दौरान लापरवाही बरते के आरोप में कदमकुआं के अपर थानाध्यक्ष हेमंत झा आउर चित्रगुप्तनगर थानाध्यक्ष रोशनी कुमारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कs दिहल गइल बा। एसआईटी पोस्टमार्टम रिपोर्ट एम्स भेज के सेकंड ओपिनियनो मंगले बा।

Read Also: UGC Bill के विरोध में सवर्ण समाज के प्रदर्शन, गोरखपुर-देवरिया मार्ग जाम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]