गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सोमार के दिने राष्ट्रीय सेवा योजना (दयानंद इकाई) आ रोवर्स-रेंजर्स इकाई के ओर से ‘मिशन शक्ति 5.0’ कार्यक्रम के संयुक्त आयोजन भइल। एह कार्यक्रम के नेत्तृत्व कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे, कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता आ डॉ. संजय कुमार पांडेय कइल लोग।
कार्यक्रम के दौरान मिशन शक्ति 5.0 के तहत थाना कोतवाली आ चौकी बक्शीपुर पुलिस के तरफ से छात्रा लोगन खातिर एगो बौद्धिक सत्र रखल गइल। एह सत्र में सब-इंस्पेक्टर आशीष कुमार आ हर्ष कुमार छात्रा लोगन के आपातकालीन हेल्पलाइन नंबर- 1930, 112, 1090 आदि- के बारे में जानकारी देलें।
आशीष कुमार कन्या शिक्षा आ महिला सशक्तिकरण खातिर चलावल जा रहल प्रधानमंत्री योजना के बारे में विस्तृत जानकारी देलें। ऊ सुकन्या समृद्धि योजना, लखपति दीदी योजना आ वन स्टॉप सेंटर वगैरह पs छात्रा लोगन के संगे विस्तार से चर्चा कइलन।
एह अवसर पर सक्रिय स्वयंसेविका वैष्णवी आ पूर्णिमा के साथे डॉ. रक्षा गुप्ता, डॉ. उमरा जमाल सहित कॉलेज के बहुते छात्रा उपस्थित रहे लोग।