CTET परीक्षा के दौरान गोरखपुर पुलिस के हत्थे चढ़ल दु साल्वर, दोसरा के जगह देत रहे लोग एग्जाम

Share

सीटेट (केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा) में दूसरा के जगे परीक्षा दे रहल दु गो सॉल्वर केडी कैंट पुलिस जटेपुर से गिरफ्तार कइलस। दुनो के पहचान बिहार के जहानाबाद जिला के घोसी थाना क्षेत्र के मसाढ़ गांव के पुष्पराज पुत्र सत्येन्द्र आ गोपालगंज के सासामूसा गांव के राहुल कुमार पुत्र ध्रुवदेश शर्मा के रूप में भइल बा। पुलिस दुनो के कोर्ट में पेश कs के जेल भेज देलस।

ई रहे पूरा ममिला

केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा के दौरान केंद्र में प्रवेश कर रहल अभ्यर्थियन के प्रवेश पत्र के जांच के बेरा दु गो युवक संदिग्ध दिखल। एह लोगन के चेहरा प्रवेश पत्र पs लागल फोटो से ना मिलत रहे। शक होखला पs इनकर कागजात के जांच कइल गइल तs फर्जी प्रवेश पत्र आ पैनकार्ड बरामद भइल। पूछताछ में दुनो आपन नाम राहुल कुमार आ पुष्पराज बतावल। ऊ लोग  बतावल कि ऊ फर्जी नाम-पता आ कूटरचित दस्तावेज के प्रयोग कs के दूसरा के जगे परीक्षा देवे आइल रहे लो। एकरा बाद दुनो के पुलिस गिरफ्तार कs लेलस।

का कहत बिया पुलिस

कैंट थाना के इंस्पेक्टर शशि भूषण राय बतवलें कि आरोपित राहुल बतवलें कि ऊ अपना भाई जितेंद्र के जगह परीक्षा देवे आइल रहे। ओकर भाई दिल्ली के एगो फैक्ट्री में काम करत रहे। दूसरका आरोपित पुष्पराज बतवलें कि ऊ मुन्ना कुमार राम के जगह परीक्षा देवे आइल रहे। एकरा एवज में मुन्ना ओकरा के 80 हजार रुपिया देले रहे।

अभ्यर्थी आ आरोपितन के फोटो में रहे अंतर

आरोपित लोग बतवलें कि जवना आवेदक के नाम पs परीक्षा देवे के रहे, ओकर आइडी प्रूफ पs आपन फोटो लगा के रखले रहे लो, जवना से ओह लोगन के पहचान ना हो सके। परीक्षा फार्म भरल गइला के दौरान जितेन्द्र कुमार दाढ़ी वाला फोटो के उपयोग कइले रहे आ परीक्षा में भाग लेवे वाला आरोपित राहुल कुमार के पास से मिलल पैन कार्ड पs फोटो में दाढ़ी ना रहे। एही तरह पुष्पराज फार्म भरत समय अपना आ आवेदक मुन्ना कुमार राम के फोटो के फोटोशाप से मिक्स कराके प्रयोग कइलें रहे, ताकि एक बार में फोटो से पहचान ना हो सके। पकड़ल गइल साल्वर लोग बतावल कि दुनो के एगो गिरोह बा, जवन प्रतियोगी परीक्षा के आवेदन के संगही अपना काम सुरू कs देला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-