हमरो घर गोपालगंज हऽ, आ हमनी…देसी अंदाज में एक्टर पंकज त्रिपाठी लोगन से कइले अपील

Share

गोपालगंज समाचार : देश भर में 17 सितंबर से 2 अक्टूबर तक स्वच्छता अभियान चलावल जा रहल बा। एह मौका प अभिनेता पंकज त्रिपाठी एगो वीडियो जारी कऽ के देशवासी के संगे-संगे गोपालगंज के निवासी लोग से एगो खास अपील कइले बाड़े। एमें खास बात ई बा कि उनकर स्टाइल बिल्कुल देसी आ डाउन टू अर्थ बा।

आज से स्वच्छ भारत मिशन अभियान के तहत पूरा भारत में एगो विशेष स्वच्छता अभियान शुरू हो गइल बा। ई अभियान 17 सितंबर से 2 अक्टूबर ले चली आ एकर उद्देश्य लोग के साफ-सफाई के प्रति जागरूकता बढ़ावल बा। एह अभियान के सफलता खातिर बॉलीवुड अभिनेता आ गोपालगंज निवासी पंकज त्रिपाठी एगो वीडियो शेयर कइले बाड़न आ जनता से एह अभियान के हिस्सा बने के गोहार लगवले बाड़न।

पंकज त्रिपाठी अपना मातृ अंदाज में भोजपुरी भाषा में अपील कइलन आ कहलन कि “हमार घर गोपालगंज हऽ, आ साफ-सफाई हमनी सभे खातिर जरूरी बा।” उ कहले कि सभके घर-परिसर के साफ-सफाई करे के चाही, काहेंकी गंदगी केहु के पसंद नइखे। पंकज स्वच्छता अभियान में भाग लेवे के अपील करत कहले कि हमनी के आवे वाली पीढ़ी खातिर इ बहुत जरूरी बा।

एकरा संगे पंकज त्रिपाठी लोग से निहोरा कइले कि उऽ लोग अपना माई के नांव पs पेड़ लगावे। उऽ खुद अपना पैतृक गांव बेलसड़ में 500 पौधा रोपले बाड़े आ लोग के प्रेरित करे खातिर इ काम कइले बाड़े। पंकज एह पहल के निजी जिम्मेदारी बतावत कहले कि हमनी के साफ-सफाई आ हरित वातावरण खातिर प्रयासरत रहे के चाही। एह तरह के जागरूकता आ व्यक्तिगत भागीदारी से ही सफाई अभियान सफल हो सकेला। पंकज त्रिपाठी के इ अपील निश्चित रूप से लोग के साफ-सफाई के ओर प्रेरित कइले बाड़े।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-