Google Photos: गूगल अइसन फीचर जारी कईलस कि कुछ लोग एकरा बारे में जानला के बाद नाराज हो जइहे

Share

एह नया फीचर के इस्तेमाल करत जदी रउरा केहू के फोटो मेमोरी से छिपा दीं त ऊ फोटो से गायब ना होखी, बलुक खाली छिपल रही । अइसने में बड़ फायदा इ बा कि केहु के फोटो बिना डिलीट कइले हटा सकतानी।

गूगल अपना गूगल फोटो ऐप खातिर एगो बड़ अपडेट जारी कइले बा। गूगल फोटो के ए अपडेट के बाद आप ओ लोग के चेहरा छुपा सकतानी, जेकरा के याददाश्त में देखल पसंद नइखी करत। गूगल फोटो में “लोग आ पालतू जानवर(pet )के छिपाई” के विकल्प आइल बा।

एह नया फीचर के इस्तेमाल करत जदी रउरा केहू के फोटो मेमोरी से छिपा दीं त ऊ फोटो से गायब ना होखी, बलुक खाली छिपल रही । अइसने में बड़ फायदा इ बा कि केहु के फोटो बिना डिलीट कइले हटा सकतानी।

एंड्रॉयड अथॉरिटी के रिपोर्ट के मुताबिक, इ फीचर गूगल फोटो के वर्जन v6.81.0.628906483 प देखल गइल बा। पहिले गूगल फोटो में ब्लॉक फेस के विकल्प रहे आ इ नाया फीचर एकर अपग्रेड वर्जन बा।

इ नाया फीचर इंसान आ पालतू जानवर के सपोर्ट करी, हालांकि इ फीचर अपने आप चालू ना होई। सेटिंग में जाके चालू करे के पड़ी। एकरा खातिर रउरा सेटिंग्स > प्रायोरिटी > मेमोरी > लोग आ पालतू जानवर छिपाईं में जाए के पड़ी ।

फिलहाल ए फीचर के बीटा टेस्ट कइल जाता आ कुछ हफ्ता में एकरा के सभके खातीर जारी कइल जाई। बता दीं कि गूगल अपना गूगल फोन ऐप खातिर एगो नाया फीचर प भी काम करतिया, जवना के बाद यूजर कॉलिंग के दौरान ऑडियो इमोजी के इस्तेमाल क सकतारे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-