Google Maps: सफर के आसान बना दी गूगल मैप्स के ई सात टिप्स, स्मार्ट लोग करेला एकर इस्तेमाल

oogle Maps Tips: 7 smart features to ease your travel

Share

टेक डेस्क। गूगल मैप्स (Google Maps) आज दुनिया के सबसे लोकप्रिय नेविगेशन एप में से एगो बा, बाकिर एकर कइयन गाे अइसन फीचर बा, जवना के बारे में जादेतर लोग ना जानेला। खाली रास्ता देखवले तक, ई एप रउआ के पार्किंग सेव करे से लेके खाना ऑर्डर करे तक में मदद कs सकत बा। आज हमनी के रउआ के एह आर्टिकल में Google Maps के 7 अइसन सानदार फीचर्स के बारे में बताएम सs जवन राउर रोजमर्रा के सफर के आउर आसान बना सकत बा। आई जानल जाव…

ऑफलाइन मैप्स- जदि रउआ अइसन जगह फंस जाईं जहां इंटरनेट ना चलेला, तs Google Maps के ऑफलाइन मैप फीचर बहुते काम आवेला। एकरा के इस्तेमाल करे खातिर सबसे पहले ओह जगह के सर्च करीं। अब नीचे दिहल गइल तीन डॉट्स (More) पs टैप करीं। “Download offline map” पs क्लिक करीं आ जरूरी क्षेत्र के मैप डाउनलोड कs लीं। डाउनलोड कइल गइल मैप्स के देखे खातिर ऊपर दहिना कोना में दिहल गइल आपन प्रोफाइल आइकन पs टैप करीं आ “Offline Maps” खोलीं।

लोकेशन ट्रांसलेट करीं- जदि रउआ कवनो अइसन जगह जा रहल बानी जहाँ भाषा समझ ना आवेला, तs Google Maps के “Translate” सुविधा राउर मदद कs सकत बा। एकरा खातिर जवना स्थान के ट्रांसलेट करे के बा, ओकरा के खोलीं। नाम भा पता के बगल में एगो स्पीकर आइकन दिखी। ओकरा पs टैप करीं आ ओह जगह के उच्चारण अपना भाषा में सुनीं।

पार्किंग सेव करीं- बड़ पार्किंग भा मॉल में गाड़ी कहां खड़ा कइले रहनी, ई भूला गइल आम बात बा। Google Maps एहमे मदद करेला। एकरा के इस्तेमाल करे खातिर पार्किंग के बाद, मैप में अपना जगह (ब्लू डॉट) पs टैप करीं। “P” आइकन माने Save Parking पs क्लिक करीं। एकरा बाद रउआ नोट जोड़ सकत बानी, अलार्म सेट कs सकत बानी आ पार्किंग लोकेशन शेयर कs सकत बानी।

स्टॉप्स जोड़ीं- जदि रउआ कइयन जगह रुकत जाये के बा (जइसे दोस्तन के घर छोड़त घर), तs रउआ “Add stop” फीचर के इस्तेमाल करीं। एकरा खातिर एक लोकेशन से दूसरका के रूट डालीं। ऊपर दाया ओर दिहल गइल तीन डॉट्स पs टैप करीं आ “Edit stops” चुनीं। अब रउआ अपना जरूरत के हिसाब से स्टॉप जोड़ सकत बानी आ अपना पसंद से रीऑर्डर कs सकत बानी।

गूगल अर्थ- Google Maps में Google Earth के लिंक होला, जवना से रउआ कवनो जगह के थ्री-डी व्यू देख सकत बानी। एकरा खातिर स्थान खोजला के बाद एगो फोटो जइसन आइकन आ घूमत एरो दिखी। ओकरा पs टैप करीं आ रउआ ओह जगह के 360° व्यू देख सकत बानी। रउआ सड़क के संगे स्क्रॉल कs सकत बानी आ आस-पास के वातावरण समझ सकेनी।

खाना ऑर्डर करीं- जदि रउआ भूखे बानी आ Google Maps पs रेस्टोरेंट खोज लेले बानी, तs ओहिजा से सीधे खाना ऑर्डर कs सकत बानी। एकरा खातिर रेस्टोरेंट के सर्च करीं। नीचे स्लाइड करीं आ “Place an order” विकल्प पs टैप करीं। अब रउआ डिलीवरी एप्स भा वेबसाइट के माध्यम से खाना ऑर्डर कs सकत बानी, हालांकि ई सुविधा हर रेस्टोरेंट पs उपलब्ध ना होई।

टोल बचाईं-
कुछ रास्तन पs जादे टोल लागेला। Google Maps रउआ के टोल-फ्री भा कम टोल वाला रास्ता दिखा सकत बस। रूट डलला के बाद, ऊपर तीन डॉट्स पs टैप करीं आ “Route Options” चुनीं। फेर “Avoid tolls” विकल्प के ऑन करीं।

https://khabarbhojpuri.com/ind-vs-eng-final-day-india-needs-10-wickets-to-win/Read Also: Google Maps offers seven smart tips and hidden features to make your travel easier and more efficient

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-