कार्रवाई: गूगल आ एपल ब्लॉक कइलस ई मैपिंग एप, सरकार के आदेस के बाद लिहल गइल फैसला

Maps - फोटो : FREEPIK

Share

Google आ Apple अपना प्ले स्टोर आ एप स्टोर से ऑफलाइन नेविगेशन एप MAPS.Me के हटा देले बा। रिपोर्ट के अनुसार ई कार्रवाई MAPS.Me के ओर से बाहरी सीमन के गलत तरीके से दर्शावे के कारण कइल गइल बा।
मनी कंट्रोल के एगो रिपोर्ट के मोताबिक दिसंबर 2024 में सर्वे ऑफ इंडिया (SoI) आईटी अधिनियम, 2000 के धारा 79(3)(b) के तहत Google के नोडल अधिकारी प्रियदर्शी बनर्जी के एगो नोटिस जारी कइल गइल बा। ई नोटिस जम्मू-कश्मीर आलद्दाख के केंद्र शासित प्रदेशन के गलत भौगोलिक प्रस्तुति के लेके बा।

Google आ Apple स्टोर से हटावल जाये के संदेश

Google Play Store पs अब MAPS.Me ऐप के लैंडिंग पेज ई संदेश दिख रहल बा: “We’re sorry, the requested URL was not found on this server”, हालांकि रिपोर्ट बतावत बा कि Google के नोटिस भेजल गइल रहे, ई स्पष्ट नइखे कि Apple के एही तरे के नोटिस मिलल बा कि ना। वर्तमान में ई एप भारतीय यूजर्स खातिर Apple App Store पs उपलब्ध नइखे।

सरकार के MAPS.Me के भेजल गइल नोटिस

गलत सीमा चित्रण: MAPS.Me एप में भारत के बाहरी सीमा के गलत तरीका से दर्शावल गइल बा, जवन देस के संप्रभुता आ अखंडता के खतरा में डालत बा।
कानूनी उल्लंघन: ई भारत के आपराधिक कानून संशोधन अधिनियम, 1990 के उपधारा (2) के तहत एगो अपराध बा।
सटीक मानचित्रण की आवश्यकता: सरकार कहलस कि देस खातिर उपयोग कइल जाये वाला मानचित्र में सही आ भरोसेमंद जानकारी होखे के चाहीं, विशेष रूप से बाहरी सीमा आ तटरेखन के संदर्भ में बा। गलत मानचित्रण भारत के क्षेत्रीय अखंडता पs सवाल उठावत बा।
ब्लॉकिंग अनुरोध: नोटिस में Google से आग्रह कइल गइल कि एप के तुरंत ब्लॉक भा निष्क्रिय कइल जाव।

Read Also: कच्छ में पाकिस्तानी नागरिक के घुसपैठ के कोशिश नाकाम, BSF पकड़लस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-