नई दिल्ली। गोवा के नाइट क्लब में लागल भीषण आग के ममिला में आरोपी लूथरा ब्रदर्स अब जल्दिये भारत पहुंची लोग। थाईलैंड में दुनो के प्रत्यर्पण के प्रक्रिया पूरा हो चुकल बा। थाईलैंड सरकार लूथरा ब्रदर्स के भारत के हवाले कs देलस। सीबीआई के टीम दुन्नो के लेके फ्लाइट से भारत लौट रहल बिया।
6 दिसंबर के रात गोवा के अरपोरा इलाका में इस्थित नाइट क्लब में भइल भीषण अग्निकांड में कइयन लोग चपेट में आ गइल रहे। एह हादसा में 5 पर्यटकन सहित कुल 25 लोगन के जान चल गइल रहे। घटना के समय लूथरा ब्रदर्स दिल्ली में रहे लोग आ अग्निकांड के खबर मिलतही दिल्ली से थाईलैंड फरार हो गइल लोग।
बैंकॉक एयरपोर्ट से सामने आइल वीडियो
थाईलैंड के बैंकॉक एयरपोर्ट से लूथरा ब्रदर्स के वीडियो सामने आइल बा। इंटरपोल आ भारतीय उच्चायोग के मदद से गौरव लूथरा आ सौरभ लूथरा के प्रत्यर्पण करावल गइल। सीबीआई दुन्नो आरोपी के लेके दिल्ली खातिर रवाना हो चुकल बिया। दिल्ली पहुंचला के बाद लूथरा ब्रदर्स के पटियाला हाउस कोर्ट में पेश कइल जाई।
लूथरा ब्रदर्स पs दर्ज बा गंभीर ममिला
लूथरा ब्रदर्स के खिलाफ गैर-इरादतन हत्या आ घोर लापरवाही के मुकदमा दर्ज बा। घटना के रात दुन्नो दिल्ली में एगो सादी समारोह में सामिल होखे पहुंचल रहे लोग। क्लब में आग लगला के खबर मिलतही दुन्नो इंडिगो के फ्लाइट पकड़ के थाईलैंड भाग गइल लोग।
भारत सरकार के अनुरोध पs थाईलैंड पुलिस 9 दिसंबर के फुकेट से दुन्नो के हिरासत में ले लिहल गइल। भारत सरकार दुनो के पासपोर्ट रद्द कs दिहल गइल, ताकि ऊ लोग कहीं आउर ना भाग सके। सीबीआई के टीम बीतल दिन थाईलैंड पहुंचल रहे आ जरूरी कागजी प्रक्रिया पूरा होखला के बाद थाईलैंड लूथरा ब्रदर्स के भारत के सउप देलस।
Read Also: Mexico Plane Crash : मेक्सिको में इमरजेंसी लैंडिंग के दौरान छत से टकराइल प्राइवेट जेट, 7 लोगन के मौत









