बिहार में अमित शाह के बइठक में रोकल गइलें गिरिराज, खिसियइलें त बड़-बड़ नेता लोग के करे पड़ल मान-मनउवल

Share

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह एह समय बिहार में बानें। शुक्क के उ पूर्णिया में एगो बड़ी रैली के संबोधित कर अपने बिहार दौरा के शुरुआत कइलें। एकरे बाद उ किशनगंज में भाजपा नेता लोग के साथ बइठक कइलें। एह बैठक के दौरान एगो अइसन वाकया घटल जेकर चर्चा अब चारों ओर बा।

दरअसल, अमित शाह के एह बैठक खातिर सुरक्षा व्यवस्था चौकस रखल गइल रहे। भितरी बस ओही लोग के जाए दिहल जात रहे, जेके पास उपलब्ध करावल गइल रहे। एह बैठक में शामिल होखे खातिर केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह भी पहुंचले, लेकिन बैठक के पास न होखला के कारण सुरक्षा कर्मी लोग उनके गेट पर ही रोक दिहल। एकरे बाद ऊ भड़क गइलें अउर आग-बबूला हो के वापिस सर्किट हाउस चल गइलें।

नेता लोग कइल मान-मनउवल

सुरक्षा कर्मियन के रोकले से केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह एतना खिसियाल गइलें कि उ बैठक में अइले से ही मना कs दिहलें। एकरे बाद भाजपा के बड़ नेता में प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल, पूर्व डिप्टी सीएम ताराकिशोर प्रसाद समेत दूसर कई नेता लोग उनसे मान-मनौव्वल कइल। तब जा के गिरिराज सिंह मनलें अउरी बैठक में शामिल भइलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-