घाटशिला : छात्रन के अनशन समाप्त करे पहुंचली डीईओ खुद भइली बेहोश

Minee Upadhyay

 

घाटशिला: मॉडल स्कूल ढालभुमगढ़ के शिक्षक के लापरवाही के चलते 17 छात्र के कक्षा 9 में पंजीकरण ना हो पावल। एकरा से नाराज छात्र अवुरी उनुकर गार्जियन अपना 3 सूत्री मांग खातीर शुक्रवार से बीआरसी कार्यालय धालभूमगढ़ के बहरी अनिश्चित काल खातीर अनशन पे बईठ गईले। अनशन खतम करे खातीर शनिवार के जिला शिक्षा अधिकारी निर्मला कुमारी बरेलिया बीआरसी कार्यालय पहुंचली। उहाँ विद्यार्थियन आ अभिभावकन के बीच भइल बातचीत के दौरान डीईओ निर्मला कुमारी बरेलिया अचानक बेहोश हो गइली। जानकारी मिलते धालभूमगढ़ के प्रभारी मेडिकल ऑफिसर डॉ. ज्ञानेन्द्र प्रसाद अखौरी अपना टीम के संगे अनशन के जगह पे पहुंच गईले। प्रारंभिक जांच के बाद बहुत जरूरी दवाई देले। हालांकि तब तक जिला शिक्षा अधिकारी होश में आवला के बाद अपना संगे ले आईल दवाई खईला के बाद अपना के स्वस्थ महसूस करत रहली।

पूछला पे उ बतवले कि जादे गरमी के चलते बेहोश हो गईली चाहे ब्लड प्रेशर के चलते इ स्थिति पैदा भईल बा। जमशेदपुर जाके पूरा जांच करीहे। हालांकि बहुत जल्दी सामान्य स्थिति में अईला के बाद बच्चा अवुरी माता-पिता के लिखित आश्वासन दिहला के बाद अनशन खतम हो गईल। एह दौरान प्रखंड विकास अधिकारी सविता टोपनो के अलावा पंचायत के प्रतिनिधि, समाजसेवी आ छात्र प्रतिनिधि मौजूद रहले।

साभार- Lagatar

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।