श्मशान में रिलीज भइल रहे साउथ के एs हॉरर फिलिम के टीजर, अब ओटीटी पs देवे जा रहल बा दस्तक

Share

 

साउथ के हॉरर फिल्म ‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ कवना ओटीटी प्लेटफार्म पs रिलीज होई? का ई नेटफ्लिक्स, प्राइम वीडियो, ज़ी5, जियो सिनेमा भा सोनी लिव पs आई? ई सवाल ओह दर्शकन के दिमाग में जरूर रही जे सिनेमाघरन में एह फिलिम के छूटल बा. बाकिर अब ओह लोग के जल्दिए ओटीटी पs ‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ देखे के मौका मिल सकेला. वइसे भी ई हॉरर फिलिम टीजर रिलीज के बाद से दर्शकन के बीच बहुते सुर्खी बनत आइल बा. एकर टीजर श्मशान घाट में रिलीज भइल आ एह तरह से एह डरावनी फिलिम के खूब चर्चा भइल. आईं बतावल जाव कि कब आ कवना ओटीटी प्लेटफार्म ‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ देखल जा सकेला.

‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ के ओटीटी प्लेटफार्म अमेजन प्राइम वीडियो पs देखल जा सकेला. बतावल जा रहल बा कि ई हॉरर फिल्म 10 मई से प्राइम वीडियो पs स्ट्रीमिंग शुरू हो जाई. एह तरह से जे दर्शक सिनेमाघरन में ना देख पवले ऊ लोग ‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ प्राइम वीडियो पs देख सके.

‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ के बजट के बात कईल जाए तs इs करीब 6 करोड़ रुपिया बतावल जाता। बाकिर एह फिलिम से महज तीन करोड़ रुपिया के वसूली हो सकत रहे. एह तरह से एह फिलिम के बॉक्स ऑफिस पs बहुते बढ़िया रिस्पांस नइखे मिलल.

बता दीं कि हॉरर फिलिम ‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ अभिनेत्री अंजलि के 50वां फिल्म रहे. एह हॉरर फिल्म के निर्देशन शिव तुरलापति कइले बाड़न. अंजलि के अलावे ‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ में श्रीनिवास रेड्डी, सत्यम राजेश, शकलक शंकर, ब्रह्मजी, रविशंकर, राहुल माधव आ सत्य के मुख्य भूमिका बा. गीतांजली मल्ली वचिंडी 2014 के फिलिम गीतांजलि के सीक्वल हs। गीतांजलि के बजट महज चार करोड़ रुपिया रहल बाकिर बॉक्स ऑफिस पs करीब दस करोड़ रुपिया के कलेक्शन भइल. फिलिम के निर्देशन राज किरण कइले रहले. ‘‘गीतांजली मल्ली वचिंडी’ 11 अप्रैल के सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे.

गीतांजली मल्ली वचिंडी 11 अप्रैल के सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे.’गीतांजली मल्ली वचिंडी’ के बजट के बात कईल जाए त इ करीब 6 करोड़ रुपया बतावल जाता। बाकिर एह फिलिम से महज तीन करोड़ रुपिया के वसूली हो सकत रहे. एह तरह से एह फिलिम के बॉक्स ऑफिस पर बहुते बढ़िया रिस्पांस नइखे मिलल.

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-