गोरखपुर में चलल GDA के बुलडोजर: नीर निकुंज वाटर पार्क भइल जमींदोज, जानीं का बा वजह

Share

गोरखपुर: गोरखपुर जिला में रामगगढ़ ताल क्षेत्र इस्थित नीर निकुंज, वाटर पार्क सुक के जमींदोज कइल गइल। साल 2019 में वाटर पार्क के अनुबंध गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) खतम कs  देले रहे।

जीडीए आवंटियन के पार्क से सामान ले जाये के कहले रहे, बाकिर ओकरा के खाली ना कइल गइल रहे। सुक के सबेरे 11 बजे से ध्वस्तीकरण के कार्रवाई सुरू कइल गइल। एह पार्क के जमीन पs प्रदेश सरकार कन्वेंशन सेंटर बनावे के निर्णय लेले बिया।

जानकारी के मोताबिक, 28 अक्टूबर 2005 के मेसर्स केआर एम्यूजमेंट एंड रिसार्ट्स पार्क रोड के रोहित अग्रवाल मिस्टर कुक रेस्टोरेंट के जरिए जीडीए से वाटर पार्क के स्थापना के करार कइले रहस।

एह करार से जुड़ल समूचा करार 18 अक्टूबर 2007 में भइल आ जीडीए 12 एकड़ जमीन आवंटित कइलस। 8 नवंबर 2019 के वाटर पार्क के अनुबंध निरस्त हो गइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-