Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नाचत-नाचत ग्राउंड पs गिरले मशहूर गरबा किंग, फेर उठले ही नाहीं

43

 

पुणे के मशहूर गरबा डांसर आ अभिनेता अशोक माली के काल्हु रात निधन हो गइल. दुखद घटना तब भईल जब उs अपना बेटा के संगे एगो कार्यक्रम में गरबा करत रहले। पिछला कई साल से अशोक माली कोच के भूमिका निभावत रहले अवुरी बहुत युवा के आपन कला सिखावत रहले। उs अपना कला से समाज में एगो खास पहचान भी बनवले रहले। काल्हु एगो कार्यक्रम के दौरान उनुका दिल के दौरा पड़ल आ मौका पs उनुकर मउत हो गइल.

अशोक माली अपना बेटा के संगे गरबा खेलत रहले

मिलल जानकारी के मुताबिक अशोक माली अपना गरबा डांस से सोशल मीडिया पs हलचल मचवले रहले, जवना के चलते उनुका के पुणे शहर में गरबा किंग सेन के नाम से जानल जात रहे। शहर के अलग-अलग गरबा समूह अपना कार्यक्रम में अशोक के बोलावत रहले। काल्हु पुणे के चाकन इलाका में अशोक के गरबा डांस खातिर बोलावल गइल, फेर ऊ अपना बेटा के साथे एहिजा गरबा डांस करे आइल रहले. नवरात्रि के दौरान आयोजित एह कार्यक्रम में मौजूद लोग के सोझा अशोक अपना बेटा भवेश के संगे गरबा नाचत रहले। एs दौरान उनुका दिल के दौरा पड़ल अवुरी अचानक गिर गईले।

अशोक अपना बेजोड़ गरबा डांस के चलते मशहूर रहले

बहुत कम समय में अशोक अपना अनोखा गरबा नृत्य से सोशल मीडिया के माध्यम से अपना खातिर एगो अलग पहचान बना लेले रहले, जवना खातीर पुणे के लोग गरबा किंग के नाम से उनुका के सम्मानित कईले। अशोक माली मूल रूप से धुले जिला के शिंदखेड़ा तालुका के होले गांव के निवासी रहले अवुरी वर्तमान में पुणे के चाकन में रहत रहले।

 

 

979320cookie-checkनाचत-नाचत ग्राउंड पs गिरले मशहूर गरबा किंग, फेर उठले ही नाहीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.