FTA : ऑस्ट्रेलिया संग 5 साल में 70 अरब डॉलर के कारोबार, ई समझौता ऑस्ट्रेलिया के चीन से दूर होखले में करी मदद
भारत अउर ऑस्ट्रेलिया के बीच मुक्त व्यापार समझौता (एफटीए) से अगले पांच साल में वस्तु अउर सेवा के द्विपक्षीय व्यापार 70 अरब डॉलर के पार पहुंच सकsता। ई द्विपक्षीय व्यापार भरोसेमंद कारोबार संबंध के बढ़ावा देई। दूनों देश के बीच एफटीए 29 दिसंबर से लागू हो गइल बा।
आर्थिक शोध संस्थान ग्लोबल ट्रेड रिसर्च इनीशिएटिव (जीटीआरआई) कहलस कि 23 अरब डॉलर के व्यापार पहिले दिन से ही शुल्क मुक्त हो जाई। ई भारत अउर ऑस्ट्रेलिया के बीच 2021-22 में 25 अरब डॉलर के वस्तु के व्यापार के 93 फीसदी ह।
संस्थान के सह-संस्थापक अजय श्रीवास्तव कहनें, दूनों देश के बीच ई समझौता कठिन समय में ढ़ेर व्यापार के अवसर उपलब्ध कराई। ऊ कहलस कि भारत के संगे मुक्त व्यापार समझौता ऑस्ट्रेलिया के धीरे-धीरे चीन से दूर होखले में मदद करी। 2021-22 में भारत ऑस्ट्रेलिया के 8.3 अरब डॉलर के निर्यात कइले रहनें, जबकि 16.75 अरब डॉलर के आयात कइले रहे।
2023 में दू अउर एफटीए होखले के उम्मीद : गोयल
वाणिज्य मंत्री पीयूष गोयल बियफे के उम्मीद जतवलें कि 2023 में कम-से-कम दू अउर एफटीए पर हस्ताक्षर होई। समझौता के बाद ऑस्ट्रेलिया भेजल जाए वाले पहिले भारतीय माल खातिर मूल प्रमाणपत्र सौंपले के बाद ऊ कहनें, एफटीए से रत्न-आभूषण, कपड़ा अउर सूचना प्रौद्योगिकी सहित कई क्षेत्र के लाभ होई।
हमनी के कारोबार के नयका मौका मिली : ऑस्ट्रेलिया पीएम
ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री एंथनी अल्बनीस कहनें कि भारत के संगे एफटीए हमनीके देश के व्यवसाय खातिर नयका अवसर देई। एक ट्वीट में ऊ कहनें, ऊ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निमंत्रण पs अगिले साल मार्च में भारत के दौरा करिहें।
Comments are closed.