FTA: आज से लागू होई भारत-ऑस्ट्रेलिया मुक्त व्यापार समझौता, भारतीय उत्पादन के मिली निशुल्क आसान पहुंच

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 29, 2022

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच अंतरिम मुक्त व्यापार समझौता (एफटीए) बियफे के लागू होई। एसे ऑस्ट्रेलियाई बाजार में हजारन घरेलू सामान जइसे कपड़ा, चमड़ा आदि के शुल्क मुक्त पहुंच प्रदान कइल जा सकी। निर्यातकन आ

Share

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच अंतरिम मुक्त व्यापार समझौता (एफटीए) बियफे के लागू होई। एसे ऑस्ट्रेलियाई बाजार में हजारन घरेलू सामान जइसे कपड़ा, चमड़ा आदि के शुल्क मुक्त पहुंच प्रदान कइल जा सकी। निर्यातकन आ उद्योग क्षेत्र के दिग्गजन के मोताबिक, ई समझौता करीब पांच बरिस में द्विपक्षीय व्यापार के दोगुना कs के 45-50 बिलियन अमेरिकी डॉलर तक पहुंचावे में मदद करी।

आर्थिक सहजोग आ बेयपार समझौता (ईसीटीए) ऑस्ट्रेलियाई बाजार में कपड़ा, चमड़ा, फर्नीचर, आभूषण आ मशीनरी सहित छव हजार से बेसी क्षेत्रन के भारतीय निर्यातकन के शुल्क मुक्त पहुंच प्रदान करी। ईसीटीए पs 2 अप्रिल के हस्ताक्षर कइल गइल रहे। एसे श्रम प्रधान क्षेत्रन में बहुते लाभ होई, जेमे कपड़ा आ परिधान, कृषि आ मछली उत्पाद, चमड़ा, जूता, फर्नीचर, खेल के सामान, आभूषण, मशीनरी आ बिजली के सामान सामिल बा।

फेडरेशन ऑफ इंडियन एक्सपोर्ट ऑर्गेनाइजेशन (एफआईईओ) के उपाध्यक्ष खालिद खान कहलें, ऑस्ट्रेलिया भारतीय निर्यातकन खातिर प्रमुख बाजारन में से एगो बा। ऊ कहलें, ई समझौता लागू होखला के दिन माने 29 दिसंबर से हमनी खातिर अपार अवसर प्रदान करी। समझौता के तहत ऑस्ट्रेलिया पहिला दिन से करीब 96.4 फीसदी निर्यात (मूल्य के आधार पs) खातिर भारत के शुल्क मुक्त पहुंच के पेशकश कर रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.