बिहार: ठाकुरबाड़ी से श्रीराम, जानकी के साथे अष्टधातु के 4 गो मूर्ति उठा ले गइलस चोर

Share

 

बिहार के सारण जिला के बनियापुर थाना क्षेत्र में एगो ठाकुरबाड़ी (राम जानकी मंदिर) से श्री राम, जानकी, लक्ष्मण, लड्डू गोपाल के 4 मूर्ति चोरा के अनजान चोर चोरा लिहलस। गाँव के लोग के अनुसार सब मूर्ति प्राचीन आ अष्टधातु के बनल रहे। बतावल जाता कि मंगल के सबेरे जब पुजारी मंदिर के सफाई करे पहुंचले तs मूर्ति लापता पावल गईल। एकरा बाद इs जानकारी गांव के लोग के दिहल गईल।

ई मूर्ति बेशकीमती बाड़ी सऽ

सूचना मिलला के बाद पुलिस भी मउका पs पहुंचल अवुरी मामिला के जांच शुरू कs देलस। मउका पs भीड़ जमा हो गईल, घटना के बाद गांव के लोग में नाराजगी बा। गांव के लोग के मुताबिक इs अष्टधातु मूर्ति अनमोल बा।

मूर्ति के बरामद करे अवुरी चोर के गिरफ्तार करे खातीर छापामारी

एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि मंदिर के पुजारी के बयान के आधार पs स्थानीय थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गईल बा। पुलिस मूर्ति के बरामदगी अवुरी चोर के गिरफ्तारी खातीर छापामारी करतिया।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-