बरहज: ग्रामीण पत्रकार एसोसिएशन के तहसील पूर्व अध्यक्ष श्रवण गुप्ता बनलें जिला मंत्री

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज नगर के ऐश्वर्य पैलेस में पूर्व तहसील अध्यक्ष श्रवण कुमार गुप्त के अध्यक्षता में ग्रामीण पत्रकार एसोसिएशन के बैठक भइल। बैठक में अररिया के पत्रकार के मृत्य पs शोक व्यक्त कइल गइल। एह बैठक में तहसील इकाई के गठन कइल गइल आ सर्वसम्मति से अध्यक्ष सिंहासन यादव, महामंत्री पवन सिंह, संगठन मंत्री आशुतोष शाह, उपाध्यक्ष विनोद सिंह, रमेश यादव, कोषाध्यक्ष संजय प्रजापति, मीडिया प्रभारी पंकज कुमार गौड़ के चुनल गइल।

मुख्य अतिथि जिला अध्यक्ष पौहारी शरण राय कहलें कि संगठन के मजबूती पत्रकार हितन खातिर संघर्ष करे के बल प्रदान करेला। ऊ बिहार के अररिया के पत्रकार के हत्या पs आक्रोश व्यक्त करत उनका स्वजन के 20 लाख रुपिया सहायता दिहल जाये के मांग कइलें। प्रदेश उपाध्यक्ष कैप्टन वीरेंद्र सिंह, मंडल उपाध्यक्ष नागेंद्र नाथ शर्मा, जिला मंत्री प्रेमचंद्र मिश्र, जेपी श्रीवास्तव, गंगा पांडेय, जगदीश जायसवाल, परमेश्वर दयाल मिश्र, ओमप्रकाश मिश्र आपन विचार व्यक्त कइल गइल। जिला अध्यक्ष श्रवण कुमार गुप्त के जिला मंत्री मनोनीत कइल गइल।

एह दौरान शत्रुघ्न सिंह, पवन पाठक, सेतु सिंह, अरविंद सिंह, सुरेश पांडेय, अटल सिंह, विश्वजीत सिंह, विशाल चौबे, बांकेश्वर मिश्र, जितेंद्र यादव, अखिलेश कुमार सिंह आदि मवजूद रहल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-